रौतहट के मोतीपुर से तस्करी के १० गो भईस पकडाईल

मेवालाल यादव

रौतहट १३ माघ

रौतहट जिल्ला के इशनाथ नगरपालिका मोतीपुर नाका हात नेपाल आवेवाला दु लाख ५० हजार मुल्य बराबर के १० गो भईंस आ पाडा पुलीस पकडले बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट से खटल गष्ती टोली मंगर के करिब २ :१५ बजे के करिब इशनाथ नगरपालिका के मोतीपुर से १० गो चोरी निकासी हो रहल पाडा भईस के जफत करके भन्सार चलान कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय जानकारी देहले बानी ।

भारतीय बजार से पाडा भईंस किन के हरेक दिन दु सय के हाराहारी मे चोरीपैठारी करके लियावल जाज रहल इशनाथ नगरपालिका के स्थानीयलोग जनवले बाडन । तस्करलोग पुलीस के हरेक महिना बहुते रोपेया देके खुल्लेयाम तस्करी कर रहल स्थानियलोग के आरोप रहल बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय के टोली तस्करी के पाडापाडी तथा भईसी पकडला के बाद सिमानाका मे खटल सशस्त्र पुलीस के कार्यशैली उपर हि सवाल उठल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।