माण्डवी के अध्यक्ष झा एनजिओ के पईसा से राजनीति करत बाडि : मेयर मेहता

मेवालाल यादव

रौताहट १५ माघ

रौतहट के ईशनाथ नगरपालिका के मेयर संतोष मेहता एनजिओ के खोल हटाके राजनिति मे आवे खातिर गैरसरकारी संस्था माण्डवी के अध्यक्ष अन्जुु झा के सुुझाव देहले बानी ।

दातृनिकाय के रोपेया बाँट के जनता के मुर्ख बनावेके काम बन्द करे खातिर मेयर मेहता चेतावनी देहले बानी । चुुनाव लडेके बा त गैरसरकारी संस्था छोड के कउनो पार्टी के झण्डा लेके आवे खातिर निहोरा करत दातृसनकाय के आड मे राजनितिकरण ना करे खातिर मेयर मेहता माण्डवी अध्यक्ष झा के पत्रकार सम्मेलन मार्फत सुुझाव देहले बानी ।

माण्डवी के अध्यक्ष झा दाता के रोपेया से राजनीती कर रहल दाबी करत मेयर मेहता पिछिलका कुछ समय से माण्डवी अध्यक्ष झा राहत के नाम मे नगर के अनेकन वार्ड मे कर रहल राजनीती के बारे मे चर्चा कइनी ।

नगरपालिका के प्राङ्गण मे पत्रकार सम्मेलन के आयोजना करके मेयर मेहता नेपाल सरकार आ अनेकन दातृ संस्था से देहल रोपेया से लक्षितबर्ग मे राहत लगायत अनेकन सामान ना देके दल बिषेश के आदमी के मिलीभगत मे राहत बाँटल दाबी कइनी ।

पिछिलका समय मे झा नेपाली कांग्रेस से निर्वाचित वार्ड ७ आ ८ के दु जनजे वार्ड अध्यक्ष से मिल के पार्टी कार्यकर्ता के सिरक लगायत कपडा बाँटल आ लक्षितबर्ग के बञ्चित करावल मेयर मेहता पत्रकार सम्मेलन मे आरोप लगवनी ।

आवेवाला निर्वाचन मे कांग्रेस से टिकट लेके चुनाव लडे खातिर झा भोट बैंक बनावल कहत गरीब बिप्पन दलित के बाँटेवाला सामान पार्टी कार्यकर्ता के बाँटल उनकर आरोप बा ।

एहितरे कोभिड प्रभावित परिवार के स्वच्छ खानेपानी देवेके नाम मे एक जने के घर अगाडी टयुुबेल जडान कईला पर १० से १३ हजार रोपेया माण्डवी से असुल कईल मेयर संतोष मेहता के कहनाम रहे ।

कउनो भी गैरसरकारी संस्था काम करे से पहिले स्थानिय निकाय से सहकार्य करेके भईला मे नगरपालिका मे कउनो किसिम के जानकारी ना करा के माण्डवीे ईशनाथ नगरपालिका मे मनमानी तरिका से काम कर रहल बतवनी ।

बितल बरीस माण्डवी नगरपालिका से सहकार्य करके एक सय ५० जने के घर मे डिप टयुुबेल जडान कईले रहे ।

माण्डवी के गलत हर्कत के नियमन तथा नियन्त्रण करे खातिर ईशनाथ नगरपालिका समाज कल्याण परिषद आ गृहमन्त्रालय मे भी लिखित उजुरी देहल उ बतवनी ।

पत्रकार सम्मेलन मे ईशनाथ नगरपालिका वार्ड ६ के वार्ड अध्यक्ष रामेश्वर साह, ३ के अध्यक्ष रामकैलास राउत, ९ के अध्यक्ष रामबाबुु राय यादव भी माण्डवी संस्था के गतिबिधी के बारेमे खुल के बिरोध करत नियन्त्रण के खातिर नियमनकारी निकाय के ध्यानाकर्षण करवले रहनी ।

ईशनाथ नगरपालिका घर भईल माण्डवी के अध्यक्ष अन्जुु झा प्रतिकृया देत माण्डवी जिल्ला के ११ गो स्थानियतह मे काम कईला पर कहुँ से आरोप ना आईल आ मेहता के अईसन आरोप के पछाडी पुर्वाग्रह रहल बतवनी ।

गैरसरकारी संस्था के अध्यक्ष भा भाईटल पोष्ट के आदमी कउनो राजनितिक कार्जक्रम मे जाएके ना मिली कहके कउनो कानुन मे ना रहल अध्यक्ष झा बतवनी ।

टयुुबेल जडान के खातिर संस्था मात्र २० हजार रोपेया छुटयईला से बेसी लागेवाला रोपेया घरधनी से तिरेके पडल बा माण्डवी नइखे लेहले कहत बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।