घुस सहित विद्युत प्राधिकरण के चार कर्मचारी पकडईलें

जनकपुरधाम १६ माघ
सेवाग्राही से घुस रोपेया लेरहल अवस्था मे धनुषा के मिथिला नगरपालिका से शुक के दिने सँझिया नेपाल विद्युत प्राधिकरण के चार जने कर्मचारी पकडाईल बाडन ।
अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग बर्दिबास कार्यालय से खटल टोली उलोग के ५ हजार रोपेया घुससहित नियन्त्रण मे लेहले बा ।
पकडाएवाला मे नेपाल विद्युत प्राधिकरण सखुवा वितरण केन्द्र महेन्द्रनगर अन्तर्गत ढल्केबर फ्युज सेवा मे कार्यरत सुपरभाइजर जगतनारायण साह, इलेक्ट्रिसियन यमकुमार महतो, ज्यालादारी प्राविधिक नवलकिशोर राउत आ दुसरका तह के करार कर्मचारी मनोहरकुमार महतो बाडन ।
उलोग के मिथिला नगरपालिका–५ स्थित रन्जितकुमार महतो के पोल्ट्री फार्म मे नयाँ मिटर जडान के खातिर ५ हजार रोपेया घुस लेवेके समय मे पकडल गइल अख्तियार जनवले बा ।
उलोग के नियन्त्रण मे लेके आउर अनुसन्धान कर रहल अख्तियार जनवले बा ।






