पटेर्वासुगौली मे बालबियाह, दहेज प्रथा सम्बन्धि तालिम पुरा

पोखरिया १६ माघ

बालबियाह, दहेज प्रथा, जनानी हिंसा बिरुद्ध, तिन दिने तालिम पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका मे रहल नेरा मावि सुगौली दा प मे आजु पुरा भईल बा ।

पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के सहजोग तथा सामुदायिक तालिम केन्द्र प्राली के आयोजना मे शुरु भईल तीन दिने तालिम पुरा भईल बा ।

माईबाबु बेटी जनमला के बाद बोझ के रुप मे लेहला के चलते गर्भ मे हि बेटा बेटी के जाँच करा के बेटी रहल जानकारी मिलला के बाद गर्भ मे हि भ्रुण हत्या जईसन अपराध हो रहला से ओईसन ना करे खातिर वक्तालोग जोड देहले रहलन ।

आपन बेटी के उच्च शिक्षा देके २० बरीस के बाद बियाह करेके बात मे जोड देहले रहलन । बेटी के शिक्षा देहला पर बालबियाह, दहेज प्रथा, जनानी हिंसा रोकल जा सकता ।

आपन घर परिवार से सुरु करेके पडि कहत जनानीलोग खुद सक्रिय होके जनानी उपर होखेवाला हिंसा अन्त करेके लागेके पडि कहके बतवले रहलन ।

वार्ड अध्यक्ष राजेश्वर महतो के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे योजना प्रमुख राजकुमार महतो, स्थानिय समाजसेबी प्रमोद उपाध्याय, पत्रकार लालबाबु बानिया, प्रमोद यादव लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहलन ।

गाँवपालिका के पाँच गो वार्ड के ७० जने जनानीलोग के सहभागीता रहल रहे आ उलोग के नरेन्द्र साह, रितु कर्ण, राजु यादव प्रशिक्षण देहले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।