छिपहरमाई मे ३२ जने कईलें खुनदान

पोखरिया १६ माघ
छिपहरमाई गाँवपालिका के आयोजना मे खुनदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
खुनदान जिवन दान कहके मूल नारा के साथ पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं. ५ भिस्वा मे रहल गाँवपालिका कार्यालय परिसर मे भईल कार्जक्रम मे ३२ जने खुनदान कईले बाडन । नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा अन्तर्गत रहल ब्लड बैंक के प्राविधिक सहजोग मे आयोजना कईल रहे ।
खुनदान करेवाला मे स्वास्थ्य संयोजक शम्भु साह, गाँवपालिका प्रहरी गुडु गुप्ता, प्रमानंद यादव, सनी कुमार, बिकाउ साह कानु, मनीलाल साह कानु, मनोज कुमार पटेल, प्रेम प्रसाद शर्मा, अमृत कुमार कलवार, मुकेश प्रसाद कानु, सत्रुधन यादव, उर्मिला पौडेल, पुतली बिक, रुपेश कुमार, मंजूर आलम, टुना महतो केवट, वीरेन्द्र महतो केवट, बिकी कुमार, तबरेज आलम, लालमहम्मद आलम, भोला साह कानु, मुन्ना प्रसाद साह, राजेश राउत कुर्मी, देवनाथ साह कलवार, निपु कुमार तिवारी, भुपेन्द्र साह कानु, सुनी कुमार, संजय साह, मुकेश कुमार चौरसिया, अर्जुन दास तत्वा रहल बाडन ।
नियमित खुनदान कार्जक्रम आयोजना ना भईला पर ब्लड बैंक मे खुन के कमी हो सकता जउना के चलते सुत्केरी सहित अनेकन दुर्घाटना मे पडल आदमी के ईलाज मे समस्या होखी आ ओहिसे केहु भी खुन के कमी मे ज्यान ना जाओ कहके खुनदान कार्जक्रम के आयोजना कईलल गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज गुप्ता बतवनी ।
खुनदान करेवाला के खुन से केहु के जान बाँच सकता ओहिसे सभी केहु मानवीयता के भावना राख के खुनदान करेके ब्लड बैंक के प्रबिधिक अधिकृत सौरभ राज पाण्डे बतवनी । कार्जक्रम मे सौरभ राज पाण्डे आ जितेन्द्र कुशवाहा लगायत के लोग प्राविधिक सहजोग कईले रहलन ।






