सम्पत्ति के खातिर फुफा के योजना मे अकलेश के हत्या

वीरगंज १६ माघ
पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका–४ बहुअरी के २१ बरीस के अकलेश राउत अहिर अगहन ३० गते बेपत्ता भईलन । ओकर बिहान भईला पसागढी नगरपालिका–९ चैनपुर मे फाँसी झुलल अवस्था मे उनकर लास मिलल । मफलर से फाँसी लगाके आत्महत्या कईल कहके खबर फईलल ।
पुलीस भी घटना के आत्महत्या के रुप मे लेहलख । चैनपुरस्थित खेत के आली मे रहल पकडी के गाछि मे फाँसी लटकल अवस्था मे उनकर लास मिलल रहे ।
पुलीस अधिकारीलोग सहित के टोली घटनास्थल मे पुगलें । घटनास्थल जाँच मुचुल्का तईयार करके लास पोष्टमार्टम के खातिर पठवनी । पोष्टमार्टम के बाद लास के दाहसंस्कार भी भईल ।
पुलीस घटनास्थल मे लेहल तस्वीरसब, घटनास्थल आ घटना अगाडि पछाडि के अवस्था आ घटना से सम्बन्धित छोटा छोटा तथ्यसब के अध्ययन सुरु कईलख । उनकर मृत्यु से अनेकन पक्ष के होखे सकेवाला फायदा घाटा के भी विश्लेषण कईलख ।
मृत्यु के सम्भावित कारणसब के बारेमे सूक्ष्म अनुसन्धान कईला पर उनकर हत्या भईल होखे सकेके आशंका बरियार भईल ।
घटना के बारे मे फेनु अनुसन्धान कईला पर आशंका सही सावित भईल । घटना मे संलग्न रहल आशंका मे तीन जने पकडाईल पुलीस जनवले बा ।
पकडाएवाला मे पर्सागढी नगरपालिका–५ रहेवाला ५१ बरीस के भागरित राउत अहिर, ४१ बरीस के शेष ताहिर मियाँ आ २७ बरीस के छठु पटेल कहेवाला दिनेश पटेल बाडन ।
उलोग विरुद्ध कर्तव्य ज्यान मुद्दा मे अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता मनोजीत कुँवर जानकारी देहनी । आजु आयोजित पत्रकार सम्मेलन मे पुलीस तीनु जने अभियुक्त के सार्वजनिक कईले रहे ।
पुलीस के मुताविक अभियुक्त भागरित मृतक के फुफा हउवन । बाबु शिवचरण राउत अहिर के दु भाइ भईला पर भी उलोग के अकलेश मात्र अकेला बेटा रहलन । अकलेश के मृत्यु के बाद उनकर बाबु तथा बडका बाबु के नाम मे भईल जग्गा जमिन लगायत सम्पत्ति के अकेला हकदार भागरित हि होखतन ।
उहे योजना मुताविक से २ दिन पहिले आउर अभियुक्तलोग से भेट करके आर्थिक प्रलोभन मे पार के योजना बनावल पुलीस अनुसन्धान से खुलल बा ।
भागरित राउत अहिर आउर अभियुक्तलोग के आर्थिक प्रलोभन देके घटना मे संलग्न करावल अनुसन्धान से खुलल प्रहरी नायब उपरीक्षक कुँवर बतवनी ।
उलोग अकलेश के घेंट मे डोरी से कस के मरले रहलन । हत्या के बाद अकलेश के मफलर के फाँसी बना के गाछि मे लटकाके आत्महत्या जईसन देखावे के खोजल पुलीस के दाबी बा ।
पुस १ गते फाँसी लटकल अवस्था मे लास मिलला के बाद पुलीस अनुसन्धान के खातिर मृतक के फुफा भागरित के पकडले रहे ।
माकिर प्रमाण ना मिलला के बाद एक रात राख के छोडले रहे । पुलीस समक्ष जाहेरी भी आईल ना रहे । सामान्य हिसाब मे फाँसी लागके आत्महत्या कईल कहके हि रहे ।
माकिर ई विषय मे फलोअप करेके समय मे सुसाइडल ह्याङ्गिङ ना होके कमिटेड ह्याङ्गिङ रहल अर्थात दोसर से मार के लटकावल बरियार आधारसब मिलल प्रहरी उपरीक्षक बेलबहादुर पाण्डे जानकारी देहनी ।
‘सँझिया बोला के डोरी से घेंट कसके मरले रहलन, डोरी हटाके मफलर के फाँसी लगाके आत्महत्या कईल जईसन बनवले रहलन । घटना मे संलग्न फुफा सहित ३ जने अभियुक्त के पकडल गईल बा ।’ कहत उ सम्पत्ति हत्यावे खातिर हि हत्या कईल पुष्टि भईल उ बतवनी ।
अंशबण्डा के विषय मे किचलो बढ के हत्या करेके योजना बनल हो सकेके उ बतवनी । ‘अकलेश के हत्या के बाद उनकर मेहरारु भगावेके, उ पक्ष के काँध मे अपराध लगावे के योजना के खातिर भगरित आपराधिक पृष्ठभूमि के शेष ताहिर मियाँ आ छठु के सहजोग लेहल देखल गईल बा,’ कहत एसपी पाण्डे, ‘दुनु के आर्थिक प्रलोभन मे पारे खातिर सफल भागरित के दुनु जने सँगे लेनदेन भी भईल देखल गईल बा ।’






