राजदेवी नगरपालिका के पाँच वाँ नगरसभा पुरा

मेवालाल यादव
रौतहट १७ माघ,
रौतहट के १८ पालिका मेसे राजदेवी नगरपालिका अन्तिम मे पाच वाँ नगर सभा आजु सभ्य एवं भव्यरुप मे पुरा भईल बा ।
लम्हर समय से राजनीति तालमेल ना मिलला के चलते नगर सभा अवरुद्घ रहल राजदेवी नगरपालिका के नगर प्रमुख धिरेन्द्र कुमार सिंह आपन भुमिका निर्वाह मे कउनो कसर बाकी ना राखला के चलेत नगरपालिका नगर सभा पुरा कईले बा ।
नगर प्रमुख धिरेन्द्र कुमार सिंह २४ करोड ३७ लाख २९ हजार ५७३।१२ लागत के बिनियोजित क्षेत्रगत तथा बजेट नीति कार्जक्रम प्रस्तुत कईले रहनी ।
नगर सभा करावे खातिर बितल महिना मे सभी कर्मचारीहरुद्वारा नगरपालिका के कार्यालय मे तालाबन्दी भी कईले रहलन । करिब सात महिना से तलब ना मिलला से कर्मचारीलोग आन्दोलित भईल रहलन ।
नगर सभा करावेके उदेश्य से राजदेवी नगरपालिका मे रहल सभी राजनैतिक दल सर्वपक्षीय धर्ना प्रदर्शन कईल सर्वविदितै बा । ९५ प्रतिशत बहुमत से नगरसभा आजु पुरा भईल नगरप्रमुख सिंह बतवनी ।






