सुर्वण गाँवपालिका के छ वाँ विशेष गाँव सभा पुरा

प्रभु यादव

बारा १७ माघ

बारा के सुर्वण गाँवपालिका के छ वां विशेष गाँव सभा एक कार्जक्रम के विच पुरा भईल बा ।

गाँव सभा मे आर्थिक बरीर २०७७÷०७८ के कुल बजेट ४८ करोड १७ लाख ४९ हजार आठ सय ६० रोपेया ३२ पईसा विनियोजन कईल मे से चालू ओरी २७ करोड ५५ लाख ६९ हजार आठ सय ४६ रोपेया ३२ पईसा मेसे खर्च आठ करोड ६३ लाख ७९ हजार एक सय ९४ पईसा भईल अर्धवार्षिक वास्तविक आय व्यय प्रस्तुत करत गाँवपालिका उपाध्यक्ष बबिता यादव जनकारी करावले रहनी ।

बजेट के पुजिगत ओरी २० करोड ६१ लाख ८० हजार १४ रोपेया मेसे वास्तविक खर्च एक करोड ७० लाख ३९ हजार दु सय ८६ रोपेया भईल उपाध्यक्ष यादव प्रस्तुत कईले रहली ।

कार्य पालिका के बईठक से बाडफाट कईल गईल योजना सब के कार्जक्रम मे जनकारी करावल गईल रहे ।

नेपाल के संविधान २०७२ के अनुसुचि ८ स्थानीय तह के एकल अधिकार आ अनुसुचि ९ संघ , प्रदेश आउरी स्थानीय तह के संयुक्त अधिकार अन्तर्गत गाँवपालिका के प्रभावकारी रूप मे कार्य संचालन के खातिर आवश्यक नितिगत ऐन, कार्यविधि, नियम, नियमावली आ निर्देशिका बनावत अगाडि बढेके कर्म मे सहकारी नियमावली २०७७, शिक्षा कार्यबिधि २०७७ आ घ वर्ग के निर्माण व्यवसायी इजाजत पत्र सम्बन्धि कार्यविधि २०७५ के पहिलका संशोधन कार्यपालिका से पारित आ लैङ्गिक हिंसा निवारण कोष संचालन कार्यविधि २०७७ पारित के खातिर पेश कईल गईल उपाध्यक्ष यादव जनकारी करावले रहली ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि प्रदेश नम्वर २ के प्रदेश सभा सदस्य बच्चा प्रसाद यादव, विशिष्ट अतिथि संविधान सभा सदस्य रामअयोध्या प्रसाद यादव नेपाल मे मिलल उपलब्धि समाप्त होखे जारहल जनावले रहनी । संविधान के कार्यन्वय करे के जगह मे उलन्धन कईल जारहल संविधान सभा सदस्य यादव जनकारी देहले रहनी ।

अभिके कठिन अवस्था मे भि गाँवपालिका से सराहनिय काम भईल कहत आवेवाला दिन मे सफल रहो कहनी ।

गाँवपालिका के अध्यक्ष महेन्द्र प्रसाद यादव के सभापतित्व मे आ प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नविवन श्रीवास्तव के स्वागत मे भईल कार्जक्रम मे समाजवादी जनता पार्टी के उपाध्यक्ष धर्मविर यादव, नारायण यादव, शस्त्र प्रहरी के सन्तगज विओपी प्रमुख नारायण सिंह ऐरी, ईलाका प्रहरी कार्यालय के प्रमुख श्यामबाबु यादव, वार्ड अध्यक्ष, कार्यपालिका सदस्य, कार्यालय के कर्मचारी, संचारकर्मी लोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।