ग्रामीण नाका मे नेपाल पुलीस आ सशस्त्र प्रहरी द्वारा नाका मे उच्चनिगरानी

मेघराज राय

जिराभवानी २३ बैशाख

भारत मे दुसरका चरण के कोरोना के संक्रमण मे वृद्धि होखेके क्रम ना रुकला पर नेपाल–भारत के पर्सा जिल्ला सँगे जुडल सभी ग्रामीण सिमानाकासब २२ गते से शील कईल बा ।

पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी पिताम्बर घिमिरे के मुताविक कोरोना भाइरस के संक्रमण तेजी से फईलत गईला से रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर पर्सा के सभी सीमानाका शील कईल जानकारी देहनी । प्रजिअ घिमिरे पर्सा सँगे जुडल बीरगंज, छपकैया, इनर्वा, भिस्वा, बुडगाई, मिर्जापुर, जानकिटोला, दसावता, पाण्डेपुर, पिडाडी, महादेवपट्टि, सुबर्णपुर, बिजयबस्ती, ठोरी सहित के सभी नाका शील करके आवतजावत पूर्ण रुप मे रोक लगावल गईल जनवले बा ।

नेपाल सरकार के मन्त्रिपरिषद् के बईठक से बितल एतवार के दिने कईल निणर्य मे पर्सा जिल्ला के कउनो भी नाका ना खुलल उल्लेख रहल बा । पर्सा जिल्ला के कउनो नाका ना पडला से जिल्ला के नाका से भारत ओरी आवतजावत करेमे निषेध कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी घिमिरे से बितल २२ गते के जारी कईल सूचना मे उल्लेख कईल बा ।

सीमा नाका शील कईला सँगे सिमाना क्षेत्र मे भारी संख्या मे नेपाल प्रहरी तथा सशस्त्र प्रहरी परिचालन करके निगरानी बढावल गईल बा । खुल्ला सिमाना भईला के चलते कउनो भी आदमी नेपाल प्रवेश करेसे रोक लगावे खातिर उल्लेख्य संख्या मे सुरक्षाकर्मी परिचालन करके गस्ती बढावल गईल बा ।

जेतना भी गस्ती बढईला पर भी रात के समय मे पुलीस के मिलीभगत मे हि तस्करी हो रहल स्थानियवासी सिकाईत कईले बाडन । जिल्ला के ग्रामिण क्षेत्र के बहुते अईसन नाका से रात के समय मे सशस्त्र पुलीस आ नेपाल पुलीस के मिलीभगत मे कपडा, खाद्यान्न, स्पेयर पार्टस लगायत के सामान के तस्करी हो रहल स्थानिय के कहनाम रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।