युवा जनशक्ति समाज युवा जागरण अभियान सुरु कईलख

वीरगंज १८ माघ

युवा जनशक्ति समाज नेपाल पर्सा युवा जागरण अभियान सुरु कईले बा । समाज के आजु कार्यालय के सभाहल मे बईठल बईठक से युवा जागरण अभियान के खातिर एगो समिति बना के काम करे खातिर कार्यदेश देहले बा ।

युवा जनशक्ति नेपाल के अध्यक्ष बिनेश प्रसाद कुर्मी के सभापतित्व मे बईठल बईठक से युवा जागरण अभियान के खातिर प्रदीप ठाकुर के संयोजकत्व मे ११ सदस्यीय कमिटी गठन कईले बा ।

उ कमिटी के सह–संयोजक मे संगीत पाण्डे, सदस्यलोग मे सुभाष चन्द्र गुप्ता, अजय कुमार चौरसिया, श्रवण प्रसाद साह, रंजीत चौरसिया, अफरोज अहमद, करण पटेल, कुन्दन गुप्ता, बिदया सागर, नन्दलाल ठाकुर रहल बानी ।

उ समिति के बरिष्ठ सल्लाहकार मे बिरेन्द्र ठाकुर आ शेष मखदुम जहाँगस्त रहल बानी । नव गठित अभियान समाज मे रहल कुरिति, बिकृति बिसंगती के हटावेके, युवालोग के सामाजिक काम मे लागे खातिर जनचेतना जगावेके, कुलत मे फँसल, बेरोजगार युवालोग के रोजगार के खातिर पहल करेके, युवालोग मे रहल हरेक समस्या समाधान के खातिर पहल करेके उदेश्य के साथ उ अभियान सुरु कईल समाज के अध्यक्ष कुर्मी जानकारी देहले बानी ।

उ अवसर मे संस्था के सचिव जायेद हुसैन, नेहाल अहमद लगायत के पदाधिकारी एवं सदस्यलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।