नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के २४ वाँ सधारण सभा पुरा

वीरगंज २० माघ
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के २४ वाँ साधारणसभा आजु एगो कार्जक्रम के बिच पुरा भईल बा ।
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सभाहल मे आजु वार्षिक साधारणसभा के केन्द्रीय सचिव रामप्रसाद दाहाल व्यानर पढ के उदघाटन कइनी ।
उदघाट करत सचिव दाहाल श्रमजीवी पत्रकारलोग के पक्ष मे महासंघ हरदम क्रियाशील रहल दाबी करत पत्रकारलोग के हकहित के खातिर महासंघ निरन्तर आन्दोलन करत आईल बतवनी ।
पत्रकार महासंघ के निर्वाचन प्रणाली मे ई बरीस से बदलाव आईल आ प्रत्यक्ष निर्वाचन प्रणाली मे महासंघ के आवेवाला निर्वाचन होखेके बतवनी ।
आवेवाला दिन मे प्रत्यक्ष निर्वाचन मे सभी सदस्य आपन पदाधिकारी चुनेके अधिकार सुरक्षित भईल बतावत एकरा से पहिले जिल्ला शाखा से पार्षद् निर्वाचित होके पदाधिकारी चयन करेके प्रक्रिया रहे ।
दोसर केन्द्रीय सचिव शीतल महतो वीरगंज के पत्रकारिता से धिरे धिरे फड्को माररहल बतवनी । केन्द्रीय कोषाध्यक्ष राजेश मिश्र केन्द्रीय समिति मे जनानी के उपस्थिति बढावे खातिर विधान बदलल बतवनी । वर्तमान विधान मुताविक केन्द्रीय कमिटी मे १६ से १८ प्रतिशत जनानी उपस्थित होखेके दाबी कइनी ।
कार्जक्रम मे पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आसमान तामाङ कलम चलावेवाला सिपाही से विवेकशीलता प्रयोग करेके सुझाव देत गलत समाचार से समाज विकृति ओरी उन्मुख होखेवाला भईला से कलम चलईला पर पत्रकारलोग से आपन विवेक प्रयोग करे खातिर निहोरा कइनी ।
साधारणसभा के उदघाटन समारोह मे २५ हजार राशि के स्व. गोपाल गिरी क्रियाशील पत्रकारिता पुरस्कार २०७६ गोरखापत्र दैनिक के वीरगंज संवाददाता कन्हैयालाल केसरी आ २०७७ साल के पुरस्कार नारायणी टुडे के प्रधान सम्पादक गया यादव के कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि केन्द्रीय सचिव दाहाल देहले रहनी ।
एहितरे पूर्व केन्द्रीय पदाधिकारी आ शाखा के अध्यक्षलोग के दोसल्ला ओढाके प्रमुख अतिथि दाहाल सम्मान कईले रहनी ।
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेकपा पर्सा के अध्यक्ष प्रभु हजरा, समाजवादी पार्टी पर्सा के अध्यक्ष रामनरेश यादव, नेपाली काङ्ग्रेस पर्सा के सचिव श्याम पटेल, नेपाल पत्रकार महासंघ के पूर्व केन्द्रीय उपाध्यक्ष जगदीशप्रसाद शर्मा, पूर्व केन्द्रीय सदस्य महेश दास, प्रदेश नं. २ के अध्यक्ष दिपेन्द्र चौहान, उपाध्यक्ष केसी लामिछाने, सदस्य जगत राई, शाखा के पूर्वअध्यक्ष अशोक तिवारी, पत्रकार गिरिश गिरी, फोटो पत्रकार संघ के प्रदेश अध्यक्ष पङ्कज श्रेष्ठ, शाखा अध्यक्ष विजय चौहान, प्रेस सङ्गठन नेपाल के केन्द्रिय सदस्य राघव साह, बृजलाल पासवान, जिल्ला अध्यक्ष नीरज पिठाकोठे मगर, अजित भुजेल, आरसी यादव, आशिक अन्सारी लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
कार्जक्रम के सहजीकरण पर्सा शाखा सचिव युवराज खड्का कईले रहनी ।





