संस्था के बदनाम करेके उदेश्य से भ्रम फईलावल गईल : अध्यक्ष हुसैन

मेवालाल यादव
रौतहट २० माघ
ग्रामीण विकास केन्द्र नेपाल रौतहट के अध्यक्ष पारस हुसैन संस्था के जोडके आईल समाचार मे सत्यता ना रहल प्रेस विज्ञप्ति मार्फत जनवले बाडन ।
एक औनलाइन न्यूज पोर्टल मुस्लिम समुदाय के खातिर आईल राहत सामान हिन्दू समुदाय के बाँटल कहके सार्वजानिक समाचार कपोलकल्पित भ्रामक रहल अध्यक्ष हुसैन दावी कईले बानी ।
वितल लम्हर समय से विपन्न तथा पिछडल समुदाय के जीपीकोपार्जन सुधार, क्षमता अभिबृद्धि, विपद पूर्व तईयारी तथा प्रतिकार्य के क्षेत्र मे निस्वार्थ रुप मे मानवीय प्रतिकार्य के राष्ट्रिय तथा अन्तराष्ट्रिय न्यूनतम मापदण्ड के अंगीकार करत काम करत आईल सस्था के बदनाम करेके उदेश्य से भ्रामक समाचार प्रकाशन कईल उपर विज्ञापित मार्फत आपत्ति जनवले बानी ।
संस्था के अध्यक्ष हुसैन द्वारा जारी विज्ञप्ति मे दैवीक प्रकोप के समय मे विपद मे पडल समुदाय बर्ग के आदमीसब के राहत उद्दार काम मे संस्था मानवीयता के ध्यान मे राखके काम करत आईल बतवले बानी ।
दुःखद अवस्था मे सेवा कईल गैर सरकारी संस्था के कर्तव्य भितर पडेके विषय भईला से उहे मुताविक कार्य करत अईला मे कउनो राजनितिक व्यक्तिगत स्वार्थ ना रहल जनावल गईल बा ।
ग्रामीण विकास नेपाल हरेक गतिविधि पारदर्शी, सहभागितामूलक समानुपातिक तरिका से सञ्चालन करत आईल काम करेके शिलसिला मे स्थानीय तह के प्रमुख से सहकार्य करेके भईला से उहे मुताविक नगर प्रमुखलोग के प्रत्यक्ष सहभागिता मे काम कईल बतवले बानी । कर्मचारी न्युक्ति प्रक्रिया मे निष्पक्षता अपनावल गईल जनावत शैक्षिक योग्यता प्रक्रिया मुताविक कर्मचारी भर्ना कईल दावी कईल बा ।
स्थानीय सरकार के निति नियम मुताविक सहकार्य सहमति मे राहत वितरण कईला पर ईशनाथ नगरपालिका के मेयर के रोहावर मे ठण्डी से बँचे खातिर बाँटल गईल राहत काम पार्टी के प्रचार करेके उदेश्य से भईल कहके लगावल आरोप गलत रहल बतवत आवेवाला दिन मे विना आधार प्रमाण संस्था के बदनाम करेके खोजला पर कानूनी उपाय खोजेके भी चेतावनी विज्ञप्ति मार्फत देहल गईल बा ।






