नेपाल बन्द के पुर्व सन्ध्या मे कलैया मे मसाल जुलुस

प्रभु यादव

बारा २१ माघ

बारा के कलैया मे नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी प्रचण्ड–माधव समूह मसाल जुलुस निकलले बाडन ।

केन्द्रीय कार्यालय के निर्णय अनुसार वियफे के दिन नेपाल बन्द के अव्हान कईल पूर्व सन्धया मे मसाल जुलुस निकालल गईल रहे । ओली सरकार से संवैधानिक आयोग मे सिफारीस कईल लोग के सपथ खियावल विरोध मे नेपाल बन्द करे के अहवान कईले बा ।

नेकपा के कलैया उपमहानगरपालिका अध्यक्ष जवाहीर अंसारी के अगुवाई मे देवकोटा चौक से निकलल मसाल जुलुस नगर परिक्रमा कर के भरत चौक पर पुग के कोण सभा मे परिणत भईल रहे ।

कोण सभा मे नगर सचिव मुकेश साह वियफे के कईल गईल बन्द के व्यापारी, श्रमिक, यातायात सहित आम लोग से सहजोग कर के सफल बनावेला निहोरा कईले रहलन । मसाल जुलुस भरत चौक पुगल समय प्रदर्शनकारी आ प्रहरी वीच तानातान भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।