सर्लाही सदरमुकाम मलंगवा मे कर्फ्यू लागल

जनकपुरधाम ३ कुवार
सर्लाही सदरमुकाम मलंगवा मे कर्फ्यु आदेश जारी कईल बा । शनिचर के दिन के १ बज के ३० मिनेट से एतवार के सबेरे ८ बजे तक के खातिर कर्फ्यु आदेश जारी कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी सुरेन्द्र पौडेल बतवनी ।
सर्वसाधारण के घर से निकले ना देवे खातिर स्थानीय प्रशासन ऐन २०२८ मुताविक कर्फ्यु लगावल गईल उ बतवनी ।
शुक के दिने विश्वकर्मा के मूर्ति विसर्जन करेके समय मे दु पक्षबीच झडप भईला पर करिब एक दर्जन आदमी घायल भईल रहलन ।
मुर्ती डुबावे लेगईल आदमीसब के जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे राखके दुनु पक्षबीच छलफल हो रहल प्रमुख जिल्ला अधिकारी पौडेल बतवनी ।
उनका मुताविक छलफल हो रहला पर भी घरेलु हथियार लेहल सर्वसाधारण निकले लागल सूचना अईला के बाद कर्फ्यु आदेश जारी कईल बा ।






