ईशनाथ न.पा.५ मे खेल मैदान बनावेके स्वीकृति

मेवालाल यादव

रौतहट २२ माघ

रौतहट जिल्ला के ईशनाथ नगरपालिका के वार्ड नम्बर ५ मे खेलमैदान निर्माण काम होखेवाला भईल बा । इशनाथ नगरपालिका नगर प्रमुख सन्तोष मेहता के विशेष पहल मे खेलमैदान बनावे के योजना युवा तथा खेलकुद मन्त्रालय स्वीकृत कईले बा ।

नगरपालिका के नगर प्रमुख सन्तोष मेहता नगर भर के युवालोग के लक्षित करत खेलकुद के माध्यम से स्वास्थ्य रहेवाला एगो बढिया उपाय ह । नगर निर्माण के खातिर खेलमैदान निर्माण करेके मेहता बतवनी ।

खेलकुद मैदान के खातिर योजना स्वीकृत करईला से नगर भर के युवालोग नगर प्रमुख मेहता के धन्यवाद देहले बाडन । नगरपालिका वार्ड नं ५ मे खेलकुद मैदान निर्माण भईला पर नगरपालिका मात्र ना सभी जिल्ला बासी के सान ह । खेलमैदान २ विगहा जमिन मे बनावल जाएके बतावल गईल बा ।

ओकरा खातिर ६ करोड ७४ लाख ८१ हजार ३ सय ८४ रोपेया के रकम विनियोजन कईल नगर प्रमुख सन्तोष मेहता जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।