ठण्डा बढला से बारा के स्कूलसब मे तीन दिन के छुटी
ठण्डा बढला से बारा के स्कूलसब मे तीन दिन के छुटी
प्रभु यादव
बारा २३ पुस
ठण्डा बढला से बारा के स्कुल सब मे स्थानिय तह छुट्टी देहले बा । कलैया उपमहानगरपालिका के समुदायिक आ संस्थागत स्कूल के पढाइ पुस २४ गते मगर के दिन से २६ गते वियफे के दिन तकले तीन दिन बन्द कर के छुटी देहले बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका के शिक्षा शाखा के प्रमुख प्रहलाद वर्णवाल सूचना निकाल के तीन दिन जाड के छुटी देहल गईल जनकारी करावले बानी । ठण्डा से स्कुल मे पढेवाला लईकालईकी के स्वास्थ्य मे समस्या होरहल जवना से बँचेला घर पर रहके सुरक्षित होसकता कहके स्कुल मे छुटी देहल गईल उपमहानगरपालिका जनकारी करावले बा । जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका मे पुस २४ गते से २६ गते तक स्कूल मे जाड के छुटी देहले बा । जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका कार्यालय के २३ गते के निणर्यानुसार बढल जाड के कारण उपमहानगरपालिका अन्तर्गत रहल सभे स्कुल मे तीन दिन के जाड के छुटी देहल गईल प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत शिवजी प्रसाद सूचना प्रकाशित करके जानकारी करावले बा । ठण्डा बढत जारहल आ घाम लागल कम होरहल देख के शिक्षा विकास तथा समन्वय एकाइ बारा से स्थानीय निकाय सब मे ठण्डा के अवस्था देख के स्कुल सभे मे छुटी करेला सूचना जारी कईला पर स्थानिय तह सब छुटी देरहल बा ।






