शिसवा महेशपुर मे निःशुल्क पशु स्वास्थ्य तथा बाझोपन निवारण शिबिर

प्रभु यादव

बारा २३ माघ

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका के वार्ड नम्वर २६ के किसान सब के खातिर एक दिने निःशुल्क पशु स्वास्थ तथा बाझोपन निवारण शिविर पुरा भईल बा ।

कलैया उपमहानगरपालिका के पशु सेवा शाखा के आयोजना मे पशु के स्वास्थ्य अवस्था चेकजाँच, सरूवा विमारी के खातिर सुई लगावल जारहल, गर्भ चेकजाँच आ बाझोपन निवारण लगायत के सेवा सब प्रदान कईल गईल पशु सेवा शाखा प्रमुख महबुब अंसारी जनकारी करावले बानी ।

शिविर मे किसान सब के पशु के कईसे स्वस्थ्य राखल जा सकता ओकरा खातिर सल्लाह सुझाव देहल जारहल अंसारी जनकारी करावले बानी । शिविर के कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव उदघाटन कईले रहनी । किसान सब के पशु के खातिर निःशुल्क दवाई देहल जारहल बा । शिविर मे करीब एक हजार पाँच सय बकरी के पिपिआर सुई देहल गईल बा ।

ओईसही गाई भैंसी दु सय पचास गो के चेकजाच कर के दवाई देहल गईल बा । शिविर मे पशु प्राविधिक जलन्द्र यादव, श्रीनिवास यादव, अशोक यादव, प्रवेश यादव लगायत के चेक जाँच कर के दवाई देवेके काम कईले बा । शिविर मे वार्ड नम्वर २६ के वार्ड अध्यक्ष महेश साह आ गाँव के किसान सब के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।