देश के राजनीति के स्वाभाविक रास्ता मे अगाडि बढावे खातिर दु दलबीच सत्ता सहयात्रा के सहमति : नेता डा. कोईराला

देश के राजनीति के स्वाभाविक रास्ता मे अगाडि बढावे खातिर दु दलबीच सत्ता सहयात्रा के सहमति : नेता डा. कोईराला

वीरगंज १८ असाढ

नेपाली कांग्रेस के बरिष्ठ नेता डाक्टर शेखर कोइराला नेपाल के राजनीति के सही रास्ता मे लेजाए खातिर हम ७-८ महिना से वकालत कर रहल एजेन्डा अभी सफल भईल बतवले बानी ।
मंगर के दिने वीरगंज मे पूर्वप्रधानमन्त्री स्व. गिरिजाप्रसाद कोइराला के सालिक अनावरण समारोह के सम्बोधन करत कोइराला कहनी, ‘कांग्रेस आ एमाले एक जगहा मे खडा होखे सकला पर देश के राजनीति सहि गन्तव्य मे पुग सकता कहके ७-८ महिना से कहत आईल रहनी ।
उहे समय मे हम कोशी प्रदेश के सरकार बनावेके समय मे एमाले से मिलके एगो कदम चलले रहनी । माकिर उ कदम से हम आलोचित भी भईल रहनी । माकिर अभी आके हमर उ समय के उ कदम अभी सही साबित भईल बा । सफल भी भईल बा ।’
नेता कोइराला अब कांग्रेस आ एमाले बीच के सहमति से बनेवाला सरकार सुशासन, भ्रष्टाचार नियन्त्रण आ आम जनता के राहत देवेके बात के गम्भीरता के साथ लेके काम करेके विश्वास लेहल बतवनी । उ सत्ता समीकरण के खातिर कांग्रेस आ एमालेबीच सोमार के रात भईल सहमति के दुनु दल राष्ट्र के पहिलका प्राथमिकता मे राखके अगाडि बढला पर देश समृद्ध आ नागरिक सुखी जरुरी बनेके बिचार रखनी । उ कहनी, ‘माकिर के मन्त्री बनी ? के सार्वजनिक लाभ के पद लि ? जईसन व्यक्तिगत बात मे मात्र फँसला पर देश फेनु संकट मे परेके निश्चित बा ।’
छोटा दल सत्ता के बागडोर लेके सरकार चलईला पर संविधान आ लोकतन्त्र खतरा मे परेके बिचार आपन रहल उ सुनवनी । संविधान जारी होके लागु भईल १० बरीस बितला से अब एमे देखल गईल कमी कमजोरी सँचियावे के समय आईल बतवनी । एहितरे अभी के निर्वाचन प्रणाली से होखेवाला निर्वाचन के परिणाम से देश मे राजनीतिक स्थिरता देवे ना सकेके भईला से निर्वाचन प्रणाली भी परिवर्तन करेके जरुरत रहल बतवनी । उ कहनी, ‘उ दुनु काम के खातिर भी अभी कांग्रेस आ एमाले एक जगहा मे आवेके परल बा । दुनु दलबीच रात भईल सहमति मे उ बुँदासब लिखल बा ।’
फरक प्रसंग मे कांग्रेस बरिस्ठ नेता कोइराला आउर दल से गठबन्धन करके चुनाव लडला के चलते कांग्रेस बडका दल बनल कहके भ्रम दिमाग से हटावे खातिर पार्टी के नेता कार्यकर्ता से निहोरा कईनी । उ कहनी, ‘जदि पार्टी के सभी नेता कार्यकर्ता चुनाव मे एकजुट होके इमानदारी के साथ लागला पर कांग्रेस के कउनो शक्ति भी हरावे ना सकी ।’
अब के निर्वाचन मे कांग्रेस नेतृत्व पार्टी के उम्मेदवार से अन्तरघात करेवाला के कभो ना छोडेके चेतावनी भी देहनी । कार्जक्रम मे कांग्रेस के सहमहामन्त्री बद्री पाण्डे सत्ता के खातिर मात्र बार्गेनिङ आ ब्ल्याकमेलिङ करेवाला माओवादी आ प्रचण्ड के राजनीति के कांग्रेस आ एमालेबीच के अभी के सहमति से समाप्त कईल बतवनी ।
देश के राजनीति के स्वाभाविक रास्ता मे अगाडि बढावे खातिर दुनु दलबीच सत्ता सहयात्रा के खातिर सहमति जुटल उ बतवनी । दु दल बीच के सहमति आ एकता से संविधान आ लोकतन्त्र के आउर मजबुत बनावेके जिकिर कईनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।