जसपा कार्यकर्ता द्वारा प्रतिगमनकारी सरकार के बिरोध मे प्रदर्शन

मेवालाल यादव
रौतहट २३ माघ
जनता समाजवादी पार्टी नेपाल रौतहट के कार्यकर्तालोग प्रतिगमनकारी सरकार के बिरुद्ध मे आजु सँझिया ४ बजे के समय मे सदरमुकाम गौर मे प्रदर्शन कईले बाडन ।
पुस ५ मे कायम रहल संघीय संसद विघटन कईल विरुद्ध मे पार्टी केन्द्रिय कार्यालय से निर्धारण कईल कार्जक्रम अन्तर्गत जनता समाजवादी पार्टी के कार्यकर्तालोग पुलीस के चुनौती देत राष्ट्रपति आ प्रधानमन्त्री के बिरुद्ध मे प्रदर्शन कईले बाडन ।
घोषित कार्जक्रम पुरा करे खातिर मधेशी क्रान्ति चौक मे कार्यकर्तालोग भेला भईल रहलन । पहिले से तईयारी करके राखल पार्टी के झण्डा लेके जसपा के युवा जुझारु नेता श्याम विहारी यादव पुलीस रहल जगहा से कुछ दुरी हाथ मे झण्डा लेके नारावाजी कईले बाडन ।
प्रतिगमनकारी सरकार के बिरोध मे आयोजना कईल सभा मे सम्वोधन करत जनता समाजवादी पार्टी के प्रदेश कमिटी सदस्य एवं जिल्ला इन्चार्ज ब्रिज कुमार यादव खुन बहाके लियावल संघीय गणतन्त्र के नेकपा सरकार से समाप्त करेके सड्यन्त्र पुर्वक संसद विघटन कईल आरोप लगवले बानी ।
नेता यादव आन्दोलन के बल आईल संघियता खतरा मे रहला से जनता समाजवादी पार्टी से रक्षा के खातिर आन्दोलन मे उतरल जिकिर कईनी । कम्युनिस्ट पार्टी संघियता खारेज करेके सोच लेहला से सोंच कउनो भी हालत मे पुरा ना होखेके ठोकुवा कइनी ।
उ प्रतिगमनकारी बिरोध प्रदर्शन मे देवाहि गोनाहि नगरपालिका के मेयर धर्मेन्द्र पटेल, किरण ठाकुर, युवा नेता मो. सकिल अकतर, ललन यादव, मेयर अजय गुप्ता, ओमप्रकाश मधेसिया लगायत जसपा के कार्यकर्ता उपस्थित रहल रहलन ।





