वीर अस्पताल काठमाण्डु के डाक्टरद्धारा निःशुल्क स्वास्थ्य शिविर

वीरगंज ०२ माघ

वीर अस्पताल काठमाण्डु के जेनरल कन्सल्टेन्ट फिजिसियन डा. रविरजन साह माघ ४ गते मंगर के दिने वीरगंज आवेके जनावल गईल बा ।

लायन्स क्लब आँफ वीरगंज ग्रीन कैंपस से आयोजना कईल निःशुल्क स्वास्थ्य शिविर के खातिर वीरगंज आवे लागल बाडन । डा. साह मुटु, छाती, पेट, नाशा, गठिया, किडनी, चिनी एवम् थाईराइड रोग विशेषज्ञ हउवन् ।

वीरगंज ८ स्थित पुराना शिवा अस्पताल भवन मे रहल शिवा पोली क्लिनीक मे शिविर मे ओपिडी, चिनी, किडनी, पिसाब निःशुल्क परिक्षण होखेके साथे थाइराइड (टिघ, टिद्ध, टिएसएच) विशेष छुट मे रु ३५० मे मात्र चेक जांच होखेके लायंस क्लब के कार्जक्रम संयोजक निसान्त मिश्रा जानकारी देहनी । शिविर सबेरे ८ बजे से दिनके ४ बजे तक संचालन होखेके उ बतवनी । शिविर मे सहभागी होके मोका के फायदा उठावे खातिर सम्बन्धित सभी के निहोरा कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।