काँग्रेस शुभेच्छुक संस्थाद्वारा रौतहट के गरुडा सहित देशभर मे बिरोध प्रदर्शन

मेवालाल यादव
रौतहत २४ माघ
नेपाली कांग्रेस के शुभेच्छुक संस्था रौतहट के गरुडा सहित देशभर प्रदर्शन कईले बा । प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली से उठावल कदम प्रतिनिधिसभा विघटन आ संवैधानिक निकाय मे नियुक्ति के विरोध मे नेपाली कांग्रेस के शुभेच्छुक संस्था आजु देशभर प्रदर्शन कईले बाडन ।
नेपाली कांग्रेस तिसरका चरण के आन्दोलन अन्तर्गत शुभेच्छुक संस्थासब के सहभागित मे रौतहट सहित देशभर के ७७ गो जिल्ला मे एक साथ प्रदर्शन कईले बा ।
कांग्रेस के सभी १८ गो शुभेच्छुक संस्थासब के आयोजना मे रौतहट मे भी उ बिरोध प्रदर्शन भईल बा । शुभेच्छुक संस्थासब मे नेपाल प्रजातान्त्रिक प्राध्यापक संघ, नेपाल निजामती कर्मचारी युनियन, नेपाल प्रेस युनियन, नेपाल शिक्षक संघ, डिएलए, नेपाल सांस्कृतिक संघ आ नेपाल ट्रेड युनियन कांग्रेस से आवद्ध २१ गो संघ के सहभागिता रहल रहे ।
नेपाली कांग्रेस पार्टी कार्यालय रौतहट से सबेरे ११ बजे शुरु भईल उ प्रदर्शन रौतहट जिल्ला के गरुडा चोक मे पुगे के समापन भईल रहे ।
उ विरोध प्रदर्शन मे नेपाली कांग्रेस रौतहट के सभापति कृष्ण प्रसाद यादव, युवा नेता नैसाद, सांसद प्रत्याशी जितेन्द्र यादव, परोहा नगरपालिका के मेयर शेख वकिल, जिल्ला के नेता कार्यकर्ता लगायत सुभेच्छुक संघ संस्थासब के सदस्यलोग के उपस्थिति रहल रहे ।
कांग्रेस दुसरका चरण मे कांग्रेस पुस १३ गते १ सय ६५ निर्वाचन क्षेत्र मे प्रदर्शन कईले रहे । पुस २५ गते ३ सय ३० प्रदेशसभा निर्वाचन क्षेत्र मे तथा माघ ३ गते ७ सय ५३ स्थानीय तह मे विरोध प्रदर्शन कईले रहे ।






