धार वाला हथियार से एक जनानी के हत्या

प्रभु यादव

बारा २६ माघ,

घर मे सुतल समय मे एक जने जनानी के हत्या भईल बा । हत्या होखेवाला महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्बर १ मठवाटोल के बैधनाथ महतो कोइरी के ४५ वरीस के मेहरारु कान्तिदेवी कोइरीन रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

मृत्क के मरद एतवार के रात के खाना खाके गाँव मे अष्ट्याम पुजा देखे गईल रात के घर पर १० बजे के समय मे फिर्ता आईल पत्नी के घायल काटल अवस्था मे लास देखला पर हल्ला कईला पर गाँव के पडोसी के जानकारी देहला पर आपना सब के जनकारी भईल प्रहरी प्रवक्ता मिश्र जनकारी देहनी । मुडी मे धार भईल हथियार चला के आ छड से मुह के गाल मे मरला पर आँखा बाहर निकलल अवस्था मे हत्या कईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

घटनास्थल के अवस्था देख के बागमती प्रदेश के प्रहरी कार्यालय हेटौडा से तालिम लेहल कुकुर लिया के अनुसन्धान सुरु कईल गईल प्रहरी उपरीक्षक दीपेन्द्र शाही जनकारी करावले बानी । मृतक के लास कलैया अस्पताल मे पोष्टमाईडम के खातिर लियावल गईल बा ।

घटनास्थल मे हत्यारा के गम्छा आ औँठी मिलल बा लास परीक्षण के बाद बाँकी रिपोट के आधार मे थप अनुसन्धान अगाडी बढावे के प्रहरी उपरिक्षक शाही जानकारी करावले बानी । मृतक कोईरीन के तीन गो लडका आ एक गो लडकी रहल बाडी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।