स्रोत ना खुलल २१ लाख ९० हजार रोपेया सहित एक जने पकडईलें

मेवालाल यादव
रौतहट २६ माघ,
रौतहट से स्रोत ना खुलल करिब २२ लाख रोपेया सहित एक आदमी पकडाईल बाडन ।
गौर नगरपालिका–४ बसपार्क लगेके सडक से परोह नगरपालिका–१ जिँगडवा वेलविछुवा के २७ बरीस के मोहमद दिलसाद आलम सोमार के दिने पकडाईल बाडन ।
रौतहट के प्रहरी नायव उपरीक्षक भरत श्रेष्ठ के मुताविक स्कुटर मे सवार आलम के साथ से २१ लाख ९० हजार रोपेया बरामद भईल बा । रु. १ हजार दर के १८१०, रु. ५ सय दर के ४८०, रु. १ सय दर के ३००, रु. ५० दर के १८००, रु. २० दर के ९०१ आ रु. १० दर के २०० गो नोट बरामद भईल श्रेष्ठ बतवनी । मोहमद दिलसाद आलम के नाम मे ३१ लाख १६ हजार उल्लेख भईल चेक से बरामद भईल उ बतवनी ।
पकडाईल आलम के सम्पत्ति शुद्धीकरण विभाग मे जरुरी कारबाही के खातिर पठावल गईल श्रेष्ठ बतवनी । साथे नम्बर ना खुलल स्कुटर के कारवाही के खातिर भंसार कार्यालय गौर मे पठावल गईल बा ।






