जसपा कार्यकर्ता द्वारा राष्ट्रपति आ प्रधानमन्त्री के बिरोध मे मसाल जुलुस प्रदर्शन

मेवालाल यादव

रौतहट २८ माघ

जनता समाजवादी पार्टी नेपाल रौतहट के कार्यकर्तालोग राष्ट्रपति विद्या देवी भण्डारी आ प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के बिरुद्ध मे आजु सँmिभया ५ बजे के समय मे गरुडा मे मसाल जुलुस प्रदर्शन कईले बाडन ।

पुस ५ मे कायम रहल संघीय संसद विघटन कइल विरुद्ध मे पार्टी केन्द्रिय कार्यालय से निर्धारण कईल कार्जक्रम अन्तर्गत जनता समाजवादी पार्टी के कार्यकर्तालोग पुलीस के चुनौती देत राष्ट्रपति आ प्रधानमन्त्री के बिरुद्ध मसाल जुलुस प्रदर्शन कईले बा ।

घोषित कार्जक्रम पुरा करे खातिर जसपा नेपाल के नेताकार्यकर्तालोगद्वारा रौतहट के मध्यभाग मे रहल गरुडा बजार स्थित मशाल जुलुस प्रदर्शन कईल गईल बा ।

कार्यकर्तालोग भेला भईल रहलन आ पुलीस मसाल जुलुस प्रदर्शन करे ना देवेके उदेश्य से अईला पर भी कार्यकर्तालोग कार्जक्रम सफल बनवले बाडन । पुलीस के प्रयास मसाल जुलुस प्रदर्शन करे ना देवेके रहल रहे ।

पहिले से तईयारी करके राखल मसाल जसपा के युवा जुझारु नेता श्याम विहारी यादव पुलीस रहल जगहा से कुछ दुर मसाल मे आगी लगाके नारावाजी करे लागला पर बुतावे खातिर खटल नेपाल पुलीस आ सशस्त्र पुलीस के टोली दउडके आईल रहलन ।

मसाल के बाद आयोजना कईल सभा मे सम्वोधन करत जनता समाजवादी पार्टी के प्रदेश सांसद रामकिसोर यादव खुन बहाके लियावल संघीय गणतन्त्र के नेकपा सरकार से समाप्त करेके षड्यन्त्र पुर्वक संसद विघटन कईल आरोप लगवले बानी ।

झापा काण्ड के मुख्य योजनाकार केपी ओली जईसन आदमी के नेपाली जनता आपन बहुमुल्य मतदान करके प्रधानमन्त्री बनावला के चलते हि आजु के दिन मे देश अन्धकार के रास्ता मे गईल बा ।

नेता यादव आन्दोलन के बल आईल संघियता खतरा मे रहला से जनता समाजवादी पार्टी रक्षा के खातिर आन्दोलन मे उतरल बतवनी । कम्युनिस्ट पार्टी संघियता खारेज करेके सोंच लेहला से सोंच कउनो भी हालत मे पुरा ना होखेके दाबी कइनी ।

जसपा के प्रदेश सदस्य ब्रिज किसोर यादव सत्ताधारी नेकपा के आन्दोलनकारी समर्थन आ सुरक्षा सहित गाडीसब के काठमाण्डु तक पुगावेवाला पुलीस आ प्रशासनलोग मधेशी दल के आन्दोलन हस्तक्षेप करेके काम कईल बतवनी ।

कार्जक्रम मे प्रदेश सांसद तथा क्रान्तकारी नेता रामकिसोर यादव, जिल्ला उपसभापति राम आशिष यादव, देवाही गोनाही नगरपालिका के नगर प्रमुख धर्मेन्द्र पटेल, युवा नेता मो.सकिल अकातर, सोभा देवी कन्थमुनी जैसवाल, लिला साह, विधायक परत्यासी जिल्ला इन्चार्ज बृज याद, जसपा के प्रदेश सदस्य शोभा देवी, नगर अध्यक्षलोग, भातृसंगठन के पदाधिकारीलोग, नेता मुखिया इश्वरी यादव, युवा नेता श्यामबिहारी, अनिल, राजकुमार दास, कौशल खान, महेश, किशनन्दन, पुनप्रताप, विष्णु जनानी नेतृ राधा साह लगायत के कार्यकार्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।