प्रहरी के गोली से घायल भारतिय नागरिक हिरासत मे

प्रभु यादव

बारा ०५ कातिक,
नेपाल प्रहरी से चलावल गोली से एक जने भारतीय नागरिक घायल भईल बानी ।

बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका के कोचर्वा चौकी के प्रहरी के चलावल गोली लाग के भारत बिहार जिल्ला मोतिहारी पुर्वी चम्पारण दुधिअवा के २८ वरीस के बृजकिशोर कुशवाहा घायल भईल बाडन ।

सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नम्वर ९ छोटका बंकुल के प्रहरी चौकी शंका लागला पर चेकजाँच कईला पर कुशवाहा आपना सँगे लेहल पेस्तोल से प्रहरी के उपर फायरिङ्ग कईले रहलन ।

कुशवाहा प्रहरी के निशाना कर के फायरिङ्ग कईल गोली विछड गईल प्रहरी नायव उपरिक्षक गौतम मिश्र जानकारी करावले बानी ।

प्रहरी से कारवाही स्वरुप आपने से बोकल तीन सय तीन राईफल से एक राउण्ड फायर कईला पर भारतीय नागरिक कुशवाहा के बाया बाह मे गोली लाग के घायल भईल प्रहरी प्रवक्ता मिश्रा जनकारी करावले बाडन ।

घायल भईल कुशवाहा के प्रहरी के निगरानी मे दवाई करावल जारहल प्रहरी प्रवक्ता जानकारी देहले बानी । पकडाईल भारतीय नागरिक पेस्तोल लेके नेपाल मे कहाँ खातिर आईल रहल ओकर अनुसन्धान कईल जारहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।