महागढीमाई नपा मे जगपरोजन मे स्पिकर बजावे मे लगावलक रोक

प्रभु यादव

बारा २८ माघ

बारा के महागढीमाई नगरपालिका क्षेत्र मे धार्मिक कार्ज के जग परोजन मे जोड से अवाज निकलेवाला डिजे आ स्पिकर बजावे मे रोक लगावले बा ।

नगरपालिका के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत विजय कुशवाहा सुचना निकाल के नगरपालिका क्षेत्र भितर वियाह, व्रतबन्ध, अष्टजाम, पार्टी, सभा गोष्ठी लगायत के काम मे डिजे स्पिकर बजावला से घटना घट रहल से व्यक्ति वा संघसंस्था सब के ना बजावे के रोक लगावले बा ।

सुचना के विरुद्ध केहु बजाई त उनकरा के कडा से कडा करवाही करे के अधिकृत कुशवाहा के हस्ताक्षरित सुचना मे जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।