सखुवाप्रसौनी गा.पा. ५ लखनपुर मे दलित दबाब समूह गठन

वीरगंज २९ माघ
पर्सा जिल्ला के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं. ५, एकडर्वा, लखनपुर मे दलित समुदाय के भेला से दलित अधिकार के खातिर दलित दबाब समूह गठन कईले बा ।
पिस फोर दलित फाउन्डेशन नेपाल, प्रदेश २ के आयोजना मे जिल्लाभर समूह गठन करेके योजना अन्तर्गत दलित समुदाय के समस्या, दलित समुदाय के अधिकार के खातिर समूह गठन कईल गईल बा ।
भेला से रामाअशिस मुसहर के संयोजकत्व मे ११ सदस्यीय दलित दबाब समुह गठन भईल बा । जेकर सह–संयोजक मे संगिता देवी डोम, सदस्यलोग संतोस मुसहर, रामजी मुसहर, मन्तोरा देवि मुसहर, उमा देवी मुसहर, जितेन्द्र मुसहर, गणेश मुसहर, किसमा देवी डोम, दावा मुसहर, राजिन्द्र मुसहर चयन भईल बाडन ।
दलित समुदाय उपर हो रहल हिंसा, हत्या, विभेदविरुद्ध आवाज उठावे खातिर दलित दबाब समूह गठन कईल बतावल गईल बा । समूह दलित उपर के जातीय विभेद, छुवाछूत, सामाजिक विभेद, अन्याय, अत्याचार, दमन, शोषण, असमानता कायम हि रहल बतावल गईल बा । गाँवपालिका आ वार्ड अभी तक दलित समुदाय के खातिर खासे कुछो ना कईल समूह के आरोप रहल बा ।
कार्जक्रम मे दलित के सामाजिक न्याय तथा सामाजिक स्वतन्त्रता के खातिर १०१ दलित युवा नेतृत्व अभियान के संयोजक सुरेन्द्र पासवान, पिस फर दलित फाउन्डेशन नेपाल के अशोक राम, प्रमानन्द राम, चन्द्रकिशोर राम, पिसफोर फाउन्डेसन के अध्यक्ष मनोज राम लगायत दलित अगुवालोग के सहभागिता रहल रहे ।






