पेशागत विकास के खातिर लैङ्गिक उतरदायित्व शिक्षण तथा मनोसमाजिक परामर्श सहजोग सम्बन्धि तालिम

बारा ३० माघ

जन जागरण युवा क्लब बारा के आयोजना मे शिक्षकलोग के पेशागत विकास के खातिर लैङ्गिक उतरदायित्व शिक्षण तथा मनोसमाजिक परामर्श सहजोग सम्बन्धि तालिम आजु से सुरु भईल बा ।

संस्था के अध्यक्ष भैयाराम यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे संस्था के कार्यकारी निर्देशक श्रीनिवास बैठा, जोखिम संचार अफिसर नरेश साह लगायत शिक्षकलोग के उपस्थिति रहल रहे । आधारभुत तह तथा माध्यमिक तह के शिक्षकलोग के खातिर उ तालिम आजु से फाल्गुन २ गते तक संचालन करेके संस्था के कोषाध्यक्ष सियाराम यादव बतवनी ।

कोभिड–१९ से प्रत्यक्ष असर पडल लईकालइकीसब के मनोसामाजिक परामर्श तथा लइकी मैत्री शिक्षण सिकाई के सुनिश्चित करे खातिर शिक्षकलोग के पेशागत विकास मे टेवा पुगावे खातिर उ तालिम संचालन करे लागल संस्था के अध्यक्ष भैयाराम यादव बतवनी ।

भिएसओ नेपाल के साझेदारी मे जन जागरण युवा क्लब, बारा भ्बचथि नचबमभ त्तगबष्तिथ क्ष्mउचयखझभलत परियोजना बारा आ रौतहट मे संचालन हो रहल आ उ परियोजना अन्तर्गत आजु बरेवा दरबार होटेल, कलैया, बारा मे आवेवाला तीन दिन तक होखेके ई तालिम मे कलैया उपमहानगरपालिका आ जीतपुर सिमरा उपमहा नगरपालिका ५÷५ गो बिधालय के २ ÷२ जने करके २० जने आधारभुत आ माध्यमिक तह के शिक्षकलोग के सहभागीता रहल रहे ।

तालिम के मुनिलाल बैठा आ सावित्री कुमारी भण्डारी से सहजीकरण कईला के साथे कार्जक्रम के सन्चालन संस्था के कार्जक्रम प्रबन्धक मनोज यादब कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।