प्रदेश २ मे एके दिन थपईलें ४५ संक्रमित, ३५ जने रौतहट के

काठमाण्डु १४ जेठ
प्रदेश २ मे बुध के दिने मात्र ४५ जने कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन ।
राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला टेकु आ हेटौंडा प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण के समय मे ४५ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
जउना मेसे ३८ जने के स्वाब टेकुस्थित प्रयोगशाला मे परीक्षण कईल रहे आ बाँकी ७ जने के हेटौंडा के प्रयोगशाला मे परीक्षण कईल बा ।
संक्रमितलोग मेसे रौतहट के मात्र ३५ जने रहल बाडन ।
रौतहट के गौर, इशनाथ, देवाही गोनाही, कटहरीया आ गढीमाई नगरपालिका के आदमी मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
रौतहट के इशनाथ के १६, गौर के ८, गढीमाई नगरपालिका के ७, देवाही गोनाही नगरपालिका आ कटहरीया नगरपालिका के २÷२ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
रौतहट के प्रमुख जिल्ला अधिकारी वासुदेव घिमिरे के मुताविक संक्रमण पुष्टि भईल सभी भारत से आईल बाडन ।
एहितरे बारा के पचरौता–१ स्थित पीपरपाती मावि क्वारेन्टाइन मे रहल ८ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
जउना मेसे एक जने ४१ बरीस के आदमी रौतहट के बासिन्दा हउवन ।
सिराहा के सिद्धिचरण १० के ३९ बरीस के पुरुष आ रुपाली २ के ३५ बरीस के पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।





