सखुवा के गोलिया सहित आदमी पकडईलें, बन रक्षक हि वनविनाश करेमे लगलें

मेघराज राय
जिराभवानी ०२ फागुन
सशस्त्र प्रहरी बिओपी महादेवपट्टी बितल रात ७ क्युफिट सखुवा के गोलिया, एक गो साइकल सहित आदमी के पकडले बा ।
जिराभवानी गाँवपालिका–२ लाटोमाई से बिओपी महादेवपट्टि के सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक केदार राई के नेतृत्व मे गईल गस्ती टोली साइकल, सखुवा के गोलिया आ आदमी के पकडले बा । पकडाएवाला मे जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ५ सखुवनिया के गणेश महतो कम्कर रहल सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक राई बतवनी ।
बरामद गोलिया, साईकल आ आदमी के जरुरी कारवाही के खातिर सबडिभिजन वन कार्यालय बसन्तपुर मे बुझावेके तईयारी भईल सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक राई बतवनी । जाडा आ कुहा के फायदा उठाके अभी लकडी तस्करलोग व्यापकरूप मे वनविनाश कर रहल वनकर्मीलोग हि बतवले बाडन ।
अभी ज्यालादारी मजदूरी करेवालालोग फुर्सद मे रहल समय मे राष्ट्रिय वनजङ्गल मे जाएके आ काँच लकडी लिआवेके काम कईला से वनविनाश बढत गईल वनकर्मीलोग के कहनाम बा ।
बन बिनास मे बन के कर्मचारीलोग के भी मिलीभगत रहल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन । बन बिनास रोकेके बदलेमे कर्मचारीलोग हि कुछ पईसा के लोभ मे तस्करी करा रहल बेर बेर लागत आईल बा ।





