पर्सा के ग्रामीण भेग मे सातोमाई के मेला आजु से सुरु

मेघराज राय
जीराभवानी ०२ अगहन
पर्सा के ग्रामीण भेग मे लागेवाला कातिक शुक्ल चतुर्दशी से सातोमाई के मेला आजु से सुरु भईल बा ।
आजु के दिन जिल्ला वन कार्यालय अन्तर्गत के जंगल मे लागेवाला पाँच गो शक्तिपिठसब मे मेला लागल बा । ठोरी गाँवपालिका वार्ड ५ मे रहल बाघमोर्चा माई, जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं ५ मे रहल सुगीभार माई, पटेर्वासुगौली गाँवपालिका वार्ड नं १ मे रहल गादी माई, पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं १ रहल कोइलाभाई माई आ पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं ३ मे रहल आमोदेवी माई के मेला ई बरीस भव्य रुपसे लाग रहल बा ।
जीराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर पाँच सखुवनिया निवासी मुक्ति दास थारु के मुताविक मेला लगावे खातिर ई पाली प्रशासन अनुमती देहला से मेलासब मे भिडभाड होखेके जनावल गईल बा । आजु के दिन मे मन्दिर मे जल चढाके समान्य रुप मे पूजा अर्चना करेके आ बिहान पूर्णिमा के दिन बली चढाके संस्कृति तथा परम्परा के संरक्षण करेके थारु बतवनी ।
ई सम्बन्ध मे इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वा सुगौली के प्रहरी निरीक्षक रामकाजी थापा जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के निर्देशन मुताविक मेला लागे के आदेश देहला पर भी मेला मे हो–हल्ला, जुवा तास, दारु पुर्ण रुप से बन्देज रहल सम्बन्धित मेला समिति के सूचना देहल बतवनी ।






