फतुवा सशस्त्र क्याम्प मुर्गी आ हाँस के बच्चा पकडलख

मेवालाल यादव
रौतहट ०३ फागुन
रौतहट परोहा नगरपालिका के लौकाहा स्थित भंसार छली करके लिया रहल अवस्था मे एतवार के सबेरे ८.३० बजे के समय मे सशस्त्र प्रहरी बल फतुवा के टोली मुर्गी तथा हाँस के बच्चा बरामद कईले बा ।
भारत से नेपाल लियारहलल बिआर ०५ आर २३५९ नम्बर के गलेम्वर मोटरसाइकल मे मुर्गी तथा हाँस के बच्चा लोड करके लेजारहल समय सशस्त्र पुलीस के देखते मातर मोटरसाईकल छोड के भागल रहलन । परोहा नगरपालिका के वार्ड नं २ लौकाहा से उ बच्चा पकडाईल बा ।
स्रोत के मुताविक मुर्गी के बच्चा १३५ थान तथा हाँस के बच्चा १३५ थान करके कुल २७० थान रहल जनावल गईल बा । पकडाईल बच्चा के अन्दाजी दाम ५४ हजार ५०० रहल बा । उ बच्चा स्थानीय भद्रभलादमी के रोहवर मे नोक्सान कईल गईल आ मोटरसाईकिल भंसार चलान भकईल गईल बा ।
आवेवाला निर्वाचन एवं सिमावर्ती क्षेत्र से होखे सकेवाला अवैध चोरी तस्करी के मध्यनजर करत सशस्त्र प्रहरी बल सुरक्षा वेश क्याम्प फतुवा चेकजाँच मे कडाई कईल सशस्त्र प्रहरी निरिक्षक राम कुमार महत बतवनी ।






