नेशनल मेडिकल कलेज के लापरवाही से सात हप्ता मे ७ जने के मृत्यु

वीरगंज ०८ जेठ

नारायणी अस्पताल मे डायलोसिस करावत आईल मरेजीलोग नेशनल मेडिकल कलेज मे डायलोसिस करावे मे बाध्य भईला से उलोग मे डर बढल बा ।

डायलोसिसकरावेवाला मरेजीलोग धमाधम मरे लागल बाडन ।

नारायणी अस्पताल के सरकार कोभिड अस्पताल मे रुपान्तरण कईला के बाद उहाँ ईलाज करा रहल मिर्गौला के मरेजीलोग नेशनल मेडिकल कलेज मे जाएमे बाध्य भईल बाडन ।

नेशनल मेडिकल कलेज मे डायलोसिस करईला पर धमाधम मरेजीलोग मरे लागला के बाद डर बढल बा ।
सात हप्ता मे ७ जने के मृत्यु भईल बा ।

मृत्यु होखेवाला मे कृष्ण ठाकुर (२४ बरीस), नन्दलाल महतो (६० बरीस), अजय कार्की (३५ बरीस), तबु नेसा (५० बरीस), नासिर बानो (४५ बरीस), नागेन्द्र झा (६० बरीस) के रहल बाडन ।

नारायणी अस्पताल के नेपाल सरकार कोभिड अस्पताल घोषणा कईला के बाद उहाँ के मिर्गौलारोगी के नेशनल मेडिकल कलेज मे डायलोसिस के खातिर अस्पताल प्रशासन वैशाख २ गते स्थानान्तरण कईले रहे ।

बैशाख ३ गते से नारायणी के ४० जने डायलिसिस सेवाग्राहीलोग नेशनल मेडिकल कलेज मे जाके डायलिसिस सेवा लेत आईल बाडन ।

ओकरा बाद मेडिकल कलेज मे डायलिसिस लेवा लेरहल ३२ दिन के समय मे ४० जने मेसे ७ जने के मृत्यु भईल बा ।

समाचार स्रोत के मुताविक नारायणी मे एगो डायलाइजर से २ बेर होत आईल डायलिसिस नेशनल मेडिकल कलेज १० बेर तक करत आईल बा ।

एकरा साथे डायलासिस मेसिन फास्ट चलाके सेवाग्राहि के डायलिसिस कईल आ डायलिसिस लापरवाही पूर्वक कईला से ७ जने के मृत्यु भईल बा ।

नेशनल मेडिकल कलेज मे मिर्गौलारोगीलोग के डायलोसिस करेके समय मे चरम लापरबाही भईला के बाद मरेजी के आफन्त नारायणी अस्पताल के मेसु डा. मदन उपाध्याय के बेर बेर जानकारी करवले रहनी ।

नेशनल मेडिकल कलेज मे स्थानान्तरण होके गईल मिर्गौलारोगीलोग के डायलोसिस मे चरम लापरवाही भईल कहत मिर्गौला मरेजीलोग मरे लागल मरेजी के आफन्तजन जानकारी करवले बाडन ।

नेशनल मेडिकल कलेज विरुद्ध परिवारजन कारवाही के माग करत उजूरी देवेके तइयारी भी कईले बाडन ।

नेशनल मेडिकल कलेज डायलिसिस सेवाग्राहि के संझिया ५ बजे बोलाके रात ८ बजे से ११ बजे के बाद मात्र डायलिसिस करके दुःख देरहल सेवाग्राही के आफन्तलोग सिकाईत कईले बाडन ।

कोरोना भाइरस के महामारी के समय लकडाउन मे भी रात के समय सेवा लेवेमे सास्ती भोगेके पडल एक सेवाग्राही के आफन्त सिकाईत कईले बाडन ।

ई विषय मे अस्पताल प्रशासन से बेर बेर सिकाईत कईला पर कुछ सुधार ना भईल उ सेवाग्राही सिकाईत कईले बाडन ।

अनेकन नागरिक कार्जक्रम अन्तर्गत नेपाल सरकार नेशनल मेडिकल कलेज के निःशुल्क डायलोसिस कईला मे अनुदान देत आईल बा ।

प्रतिव्यक्ति एक बेर डायलोसिस कईला मे कलेज के सरकार रु २ हजार ५ सय देत आईल बा ।

उ बाहेक डायलोजर आ जरुरी केमिकल भी नेपाल सरकार मँगनी मे देरहल नारायणी अस्पताल के मेसु डा मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।

सरकारी सुविधा अन्तर्गत अभी तक नारायणी अस्पताल मे डायलोसिस करईला पर मरेजी के अवस्था ठीक रहे ।

माकिर जउन दिन से नेशनल मेडिकल कलेज मे डायलोसिस शुरू भईल, उहे दिन से हि मरेजी के अवस्था आउर बिगडत गईल पिडितलोग के आरोप रहल बा ।

ई विषय मे नेशनल मेडिकल कलेज के निर्देशक डा प्रमोद सर्राफ क्षमता से बेसी मरेजी भईल आ दक्ष प्राविधिक के रोहबरमे डायलोसिस हो रहला से कउनो कमीकमजोरी ना भईल बतवनी ।

उ जटिल अवस्था के मरेजी के मात्र डायलोसिस हो रहल आ कउन कारण से अवस्था बिगडल उ बुझेके काम हो रहल प्रतिक्रिया देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।