श्रीपुर विद्यापीठ विद्यालय मे सांसद यादव भवन के शिलन्यास कइनी

वीरगंज ०३ फागुन
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ११ श्रीपुर स्थित श्री नेपाल राष्ट्रिय विद्यापीठ माध्यमिक विद्यालय श्रीपुर मुर्ली मे रहल भवन मे तल्ला थपेके काम सुरु भईल बा ।
पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर १ के प्रतिनिधिसभा सदस्य प्रदीप यादव आजु एगो कार्जक्रम के बीच शिलन्यास कईला के बाद भवन निर्माण के काम सुरु भईल बा ।
भवन निर्माण के खातिर सांसद् यादव आपन संसदीय विकास कोष से २५ लाख रोपेया देहले बाडन । उनका से देहल रोपेया से विद्यालय मे रहल भवन उपर ४ गो किलास कोठरी बनावल जाई ।
शिलन्यास कार्जक्रम के सम्बोधन करत संसद् यादव शिक्षा क्षेत्र के विकास भईला पर मात्र देश के विकास सम्भव रहल बतवनी । उ शिक्षा क्षेत्र के विकास ना होखे तक आउर क्षेत्र के विकास के कउनो अर्थ ना होखेके बतवनी ।
सांसद् यादव श्रीपुर विद्यापीठ के देश के नमुना विधालय के रुप मे स्थापित करावे मे सभी के सहजोग जरुरी रहल बतवनी । विद्यालय के पूर्वाधार विकास सँगे शिक्षा के सतर मे भी सुधार लियावे खातिर शिक्षकलोग से निहोरा कइनी ।
उ सामूदायिक विद्यालय से अध्ययन कईल विद्यार्थीलोग आजु देश–विदेश मे बढिया बढिया काम कर रहल उदाहरण देत शिक्षा के सतर मे सुधार लिअईला पर सामूदायिक विद्यालय के विद्यार्थीलोग जरुरे अगाडि बढेके दाबी कइनी ।
विद्यालय व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष अशोक टेमानी के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे पूर्व सभासद आत्माराम साह, वीरगंज महानगरपालिका के कार्यपालिका सदस्य अरविन्द गुप्ता, वार्ड नम्बर ११ के वार्ड अध्यक्ष प्रधुम्न सेढाई, सुरजी देवी मावी विधालय व्यवस्थापन समिती के अध्यक्ष अजय गुप्ता, वार्ड नम्बर ११ के अभिभावक विनोद महतो लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
कार्जक्रम मे स्वागत मन्तव्य विद्यालय के प्रधानाध्यापक अनिल कुमार बरनवाल कईले रहनी आ सहजिकरण विधालय के शिक्षक राम प्रसाद पाण्डे कईले रहनी ।






