कोरोना रोकथाम मे कउनो कमी ना करे खातिर मुख्यमन्त्री के निर्देशन

जनकपुरधाम, १२ चईत,
प्रदेश नं २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत कोरोना भाइरस नियन्त्रण के प्रयास मे कउनो कमी ना रो खातिर मन्त्रालय के सचिवलोग के निर्देशन देहले बानी ।
मुख्यमन्त्री कार्यालय मे आजु सबेरे बईठल बईठक मे मुख्यमन्त्री राउत कोरोना भाइरस नियन्त्रण के खातिर कईल तइयारी के बारे मे जानकारी लेहले रहनी । साथे आवेवाला दिन मे अपनावेवाला नीति के सम्बन्ध मे छलफल भईल मुख्यमन्त्री के प्रेस संयोजक आतिस मिश्र जानकारी करवनी ।
उ बईठक मे निमित प्रमुख सचिव नारायण दवाडी, आन्तरिक मामिला तथा कानून मन्त्रालय आ सामाजिक विकास मन्त्रालय के सचिव लगायत के उपस्थिति रहे ।
एहितरे, कोरोना भाइरस रोकथाम आ नियन्त्रण के खातिर सामाजिक विकासमन्त्री नवलकिशोर साह के संयोजकत्व मे समिति गठन कईल बा । उ समिति मे अनेकन सङ्घ संस्था के प्रतिनिधि बाडन ।
सामाजिक विकास मन्त्रालय धनुषा के नगराइनस्थित आयुर्वेद मेडिकल कलेज मे ५०, जनकपुरस्थित मणिपाल शिक्षण अस्पताल के प्रयोगविहीन अवस्था मे रहल भवन मे ५० आ जानकी मेडिकल शिक्षण अस्पताल मे ६० श्यया के क्वारेन्टाइन स्थापना करे लागल जानकारी करवले बा । साथे वीरगंज, सिरहा के धनगढी, सप्तरी आ रौटहत जिल्ला मे क्वारेन्टाइन आ आइसोलेसन वार्ड बनावे लागल बा ।
एहितरे मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत विश्व के हि डेरवावल कोरोना भाइरस से बँचे खातिर सङ्घीय सरकार से जारी निर्देशन के अक्षरशः पालना करे खातिर प्रदेशवासी के आह्वान कईले बानी ।
मुख्यमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद्द्वारा आजु जारी विज्ञप्ति मे मुख्यमन्त्री राउत कोरोना महामारीविरुद्ध लडे खातिर सङ्घीय सरकार से जारी कईल निर्देशनसब मे प्रदेश सरकार के पूर्ण समर्थन रहल आ तीन गो तह के सरकार तथा सर्वसाधारण के एकता हि महामारीविरुद्ध के बरियार हथियार रहल उल्लेख कईल बा । उ प्रदेश मे २५० आइसोलेशन श्यया तइयारी अवस्था मे रहल आ आउर आइसोलेशन श्यया के खातिर गृहकार्य होरहल विज्ञप्ति मे जनावल गईल बा । वि
व्यवपस्थापन कोष मार्फत हरेक जिल्ला के विपद् व्यवस्थापन कोष के रु ५०÷५० लाख, नेपाल प्रहरी प्रादेशिक कार्यालय के रु २० लाख, सशस्त्र प्रहरी प्रादेशिक कार्यालय के रु २० लाख, राष्ट्रिय अनुसन्धान आयोग प्रादेशिक कार्यालय के रु पाँच लाख उपलब्ध करावल गईल बा ।
उ सामाजिक विकास मन्त्रालय मार्फत कोरोना सम्बन्धी ईलाज आ रोकथाम के खातिर प्रादेशिक अस्पताल के रु १२ लाख, जिल्ला अस्पतालसब के रु पाँच÷पाँच लाख, प्रादेशिक स्वास्थ्य आपूर्ति केन्द्र के दवाई आ व्यक्तिगत ईलाज उपकरण के खातिर रु १० लाख, प्रादेशिक जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला के रु पाँच लाख, जनचेतनामूलक प्रचारप्रसार के खातिर स्वास्थ्य निर्देशनालय के रु पाँच लाख, मन्त्रालय मार्फत नीतिगत खर्च के खातिर रु १० लाख, सरोकारवाला के सचेतनामूलक अभियान के खातिर रु १५ लाख, स्थानीय तह स्वास्थ्य संयोजकसब के अभिमुखीकरण के खातिर रु १० लाख, एकीकृत अनुगमन के खातिर रु पाँच लाख, एम्बुलेन्स सेवा के खातिर रु तीन लाख छुट्यावल गईल जानकारी करवले बानी । ई अतिरिक्त महामारी नियन्त्रण के खातिर आउर पईसा के जरुरी पडला पर प्रदेश सरकार तइयारी अवस्था मे रहल भी जानकारी भईल बा ।
मुख्यमन्त्री राउत प्रदेश सरकार कोरोना के महामारी से लडे खातिर अनेकन तइयारी के कामसब कईल आ उपकरणसब के कमी रहल अवस्था मे ई महामारी विरुद्ध के प्रादेशिक तइयारी के आउर प्रभावकारी बनावे खातिर जरुरी उपकरण, मास्क, थर्मल गन आ भेन्टिलर के व्यवस्था मिलावे खातिर सङ्घीय सरकार से माग कईले बानी ।






