पर्सा आ बारा के चार उद्योग उपर मुद्दा दायर

वीरगंज ०५ फागुन

खाद्य प्रविधि तथा गुण नियन्त्रण डिभिजन कार्यालय वीरगंज गुणस्तरहीन सामान उत्पादन करके उपभोक्ता के ठगेके बारा जिल्ला के चार गो उद्योग उपर जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा मे मुद्दा दायर कईले बा ।

बारा जिल्ला के अनेकन जगहा मे सञ्चालन मे रहल कामधेनु डेरी उद्योग, लक्ष्मी डेरी उद्योग, गणपति वनस्पति उद्योग आ कुसुम आयल प्रालि से वितल लम्हर समय से गुणस्तरहीन सामान उत्पादन करके उपभोक्ता ठगत आ रहला से खाद्य ऐन २०२३ आ दाना ऐन २०३३ अन्तर्गत उ उद्योग उपर मुद्दा चलावल गईल कार्यालय के खाद्य अनुसन्धान अधिकृत विक्की राउत बतवनी ।

उ उद्योग के उत्पादन करेवाला वस्तु के नमूना सङ्कलन करके प्रयोगशाला मे परीक्षण कईला पर अखाद्य वस्तु मिलला से उ उद्योग के हदै तक के कारवाही के माग करत जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा मे मुद्दा दायर कईल प्रमुख राउत बतवनी ।

अभी कार्यालय मे नयाँ तथा पुराना करके ६० मुद्दा अनुसन्धान के क्रम मे रहल बा । उ मुद्दाअन्तर्गत तेल, घ्यू आ मसलाजन्य पदार्थ के मुद्दा बेसी रहल बा । कार्यालय बारा आ पर्सा के उद्योग तथा बजार के अनुगमन करके खाद्य नमूना ५५ गो आ दाना नमूना १० गो सङ्कलन करके परीक्षण के खातिर जनकपुरस्थित प्रयोगशाला मे पठावल गईल बा ।

एहितरे कार्यालय खाद्य उत्पादन करेवाला उद्योग तथा दाना उत्पादन करेवाला करीब एक सय उद्योग मे स्थलगत निरीक्षण कईले बा । पर्सा आ बारा मे रहल दूध, तेल, मसला आ डेरीजन्य उद्योग मे बेसी मिसावट देखल गईला से उ उद्योग उपर निगरानी बढावल मिलल समाचार मे जनावल गईल बा ।

उ कार्यालय अभी तक आठ बेर संयुक्त अनुगमन तथा १२० बेर एकल अनुगमन कईले बा । पर्सा आ बारा मे १२ गो से बेसी डेरी उद्योग रहल आ उ उद्योग से पाउडर मिलाके दूध बनावेके, नक्कली घ्यू उत्पादन करेके जानकारी अईला से उ उद्योग मे निगरानी बढवले बा ।

करीब २० गो पानी उद्योग रहल आ उ मेसे अधिकांश उद्योग नेपाल सरकार के मापदण्ड विपरीत सञ्चालन मे रहल बतावल गईल बा । उद्योगी पmरार रहला से कार्यालय सँगे भईल पुराना मुद्दा ओराए नईखे सकल ।

पर्सा आ बारा दु जिल्ला देखेवाला उ कार्यालय मे एक कार्यालय प्रमुख सहित दु कर्मचारी मात्र भईल आ सवारी साधन के अभाव मे नियमित रुप मे अनुगमन होखे ना सकला से प्राविधिक काम प्रभावित भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।