नेकपाद्धारा मोतिसर मे खुला खुनदान कार्जक्रम

प्रभु यादव

बारा ०८ फागुन

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १८ के मोतिसर मे नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी से लहुदान कार्जक्रम सम्पन्न भईल बा । कार्जक्रम के उदघाटन करत प्रमुख अतिथि वडा नम्वर १८ के वार्ड अध्यक्ष अमिका प्रसाद यादव लहु के कमि के पूरा करे खातिर लहुदान खुला मे आयोजना कर के कईल गईल सरार्हनिय रहल जनकारी करावले बानी ।

नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड कमिटी १८ के आयोजना मे लहुदान कार्जक्रम सम्पन्न भईल बा ।

लहुदान करी, जिवनदान करी मुल नारा के साथ खुला बृहत लहुदान कलैया १८ मोतिसर के चाइल्ड मिसन एकडेमी मे सम्पन्न भईल बा ।

शर्मा बैठा के विशेष पहल मे कईल गईल लहुदान कार्जक्रम मे नेकपा जिल्ला कमिटी सदस्य रमेश साह, बिक्रम ठाकुर, धुर्ब यादव, युवा नेता बैधनाथ साह, अरुण खनाल, राम यादव, स्थानी समाजसेवि संजय साह, इब्राहिम राय, धुरुब साह, मुकेश यादव, हिरालाल साह, श्यामसुन्दर यादव, बिन्दा यादव, सहिद हवारी, नरेश गुप्ता, धेनुक साह, रामनिवास साह, रामएकबाल साह, सकुर मिया के सहभागिता रहल रहे ।

लहुदान कार्जक्रम मे रक्त संचार केन्द्र बीरगंज के प्राविधिक जितेन्द्र कुश्वाहा के अगुवाई मे ५ जने सहायक प्रविधिक लगयत के टोली लहु संकलन करे मे रहलन । लहुदान ५० जने कईले बाडन कहके कार्जक्रम के अध्यक्षता शम्भु प्रसाद कानु जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।