कलैया वीरगंज सडक मे म्याजिक भ्यान के ठोकर से एक के मृत्यु

प्रभु यादव
बारा ०९ फागुन
बारा के कलैया बीरगंज सडक खण्ड मे म्याजिक भ्यान के ठक्कर से एक जने मोटरसाइकल लचवनिहार के ज्यान गईल बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ३ मे रहल नारायणी सिचाई के भवन मे अस्थाई ट्राफिक प्रहरी कार्यालय अगाडी ठकर लाग के घटना भईल बा ।
कलैया से वीरगंज ओर जारहल ना १ ज ८८३९ नम्बर के म्यजिक भ्यान वीरगज ओर से आरहल ना ४ प ५१२४ नम्बर के मोटरसाईकल के ठक्कर देहला से दुर्घटना भईल बा ।
दुर्घटना मे पर के प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्वर ५ प्रस्टोका के अन्दाजी ४० बरीस के दुर्योधन चौधरी के ज्यान गईल बा ।
विहनीया के करीब ११ बजे के समय मे भईल दुर्घटना मे गम्भीर घायल भईल चौधरी के कलैया अस्पताल मे ईलाज के खातिर पुगावल गईल रहे । ईलाज कईल जारहल चौधरी के ज्यान चल गईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।
मोटरसाईकल के ठक्कर देवेवाला म्याजिक भ्यान आ चलावेवाला चालक जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के नियन्त्रण मे रहल बारा के प्रहरी निरिक्षक सुरेन्द्र यादव जानकारी करावले बानी ।





