ठोरी–२ गौतमनगर के नास्ता दोकान मे आगलागी

मेघराज राय

जिराभवनी ११ फागुन

ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं २ गौतमनगर के चोक बजार मे रहल नम्रता खाजाघर मे बितल रात सबेरे ३ बजे के समय मे अचानक आगोलागी भईला पर नम्रता खाजाघर जरके पुर्णरुप मे नोक्सान भईल बा ।

आगालागी से खाजाघर भितर रहल भौतिक सामान, महत्त्वपूर्ण कागजात, अनेकन किसिम के खाद्यान्न सामान पूर्ण रुपमे नोक्सान भईल बा आ खाजाघर भी जरके नोक्सान भईल बा ।

रात के समय मे घर मे आगी लागल पडोसी के जानकारी भईला के बाद होहल्ला कईला के बाद स्थानीयलोग के जानकारी भईल रहे ।

आगलागी भईल जानकारी मिलला के बाद जम्मा भईल स्थानीयबासीलोग, नेपाल पुलीस आ सशस्त्र पुलीस के सहजोग मे आगी के नियन्त्रण मे लेहले रहलन ।

आगलागी से अन्दाजी ११ लाख बराबर के नोक्सानी भईल इलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी बतवले बा । आगलागी के चलते अभी तक पत्ता ना लागल भी इलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी जनवले बा ।

आगलागी से खाजाघर लगे रहल २ गो घुम्ती दोकान मे नोक्सानी पुगल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।