एसईई जेठ दुसरका हप्ता भितर पुरा करेके बोर्ड के तईयारी

काठमाण्डु १२ फागुन
राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड माध्यामिक शिक्षा परीक्षा(एसईई) आवेवाला जेठ दुसरका हप्ता भितर ओराएवाला किसिम से संचालन करेके तइयारी कईले बा ।
शिक्षा नियमाली के ९ वाँ संशोधन के सदर करत मन्त्री परिषद् जेठ मसान्त भितर चालु शैक्षिक सत्र ओराएके आ असार एक गते से नयाँ शैक्षिक सत्र सुरु करेके निर्णय कईला सँगे बोर्ड एसईई जेठ के दुसरका हप्ता भितर पुरा करेके तईयारी मे जुटल बा ।
परीक्षा नियन्त्रक रामराज खकुरेल जेठ दुसरका हप्ता भितर परीक्षा पुरा करेके तइयारी मे जुटल बतवनी । कहत उ, “बोर्ड से मिति तय कईले नइखे । माकिर, जेठ दुसरका हप्ता भितर परीक्षा पुरा होखेके तइयारी सुरु कईल गईल बा ।”
सरकार फागुन ३ गते राजपत्र मे सूचना जारी करके शिक्षा ऐन जारी ना होखे तक एसईई सञ्चालन के अधिकार बोर्ड के हि देहले बा । परीक्षा संचालन के अधिकार प्राप्त कईला के बाद बोर्ड ई बरीस भी केन्द्रगत रूप मे प्रश्न पत्र छपाइ करेके भईल बा । एकरा खातिर प्रक्रिया मे गईल परीक्षा नियन्त्रक खकुरेल बतवनी ।
बोर्ड मे आईल प्रारम्भिक रिपोर्ट मुताविक ई बरीस के एसईई मे नियमित, ग्रेडवृद्धिसहित करिब ५ लाख विद्यार्थी एसईई मे संलग्न होखिहें ।






