साम्प्रदायिक सद्भाव कायम करे खातिर समुदाय मे पुग रहल पुलीस

साम्प्रदायिक सद्भाव कायम करे खातिर समुदाय मे पुग रहल पुलीस

महोत्तरी २१ फागुन

मधेस प्रदेश मे प्रहरी प्रशासन साम्प्रदायिक सद्भाव कायम करे खातिर अभियान सुरु कईले बा । सोमार के दिने महोत्तरी के सम्सी गाँवपालिका–१ आ ३ मे हिन्दु आ मुस्लिम समुदाय के आदमीसब से अलग–अलग बतकही करके अभियान सुरु कईल पुलीस जनवले बा ।

अभियान लेके सम्सी पुगल नेपाल प्रहरी, सशस्त्र प्रहरी आ राष्ट्रिय अनुसन्धान के प्रहरी टोली स्थानीय से शान्ति सुरक्षाबारे बतकही कईल सशस्त्र प्रहरी मधेस प्रदेश के प्रमुख (डिआईजी) दिपेन्द्र साह जानकारी देहनी ।

मधेस के अनेकन जिल्ला मे समय समय मे छोटा विषय से साम्प्रदायिक द्वन्द सिर्जना हो रहला से कईसे सद्भाव कायम कईल जा सकता कहके योजना मुताविक पुलीस अईसन अभियान सुरु कईल साह बतवनी ।

समुदाय मे पुगके पुलीस सद्भाव कायम करावे खातिर अईसन कार्जक्रम संचालन करेके योजना लेहल साह बतवनी । बतकही मे स्थानीय कउनो भी धर्म मानला पर भी आपना मे द्वन्द्व ना होखो कहके चाहना राखल बतवले बाडन । छोटा बात के धर्म मे जोडेके आ बडका बिषय बनाके द्वन्द्व सिर्जना करेके काम आदमी से सुरु होखेवाला भईला से ओईसन आदमी के नियन्त्रण मे लेके कारबाही करे खातिर भी उलोग पुलीस के निहोरा कईले रहलन ।

जात आ धर्म के नारा लगाके अभी भी एक दोसर मे घोचपेच हो रहला से सभी नारा छोडके ’हमनी सभी नेपाली’ कहके मुल मर्म के अगाडि बढावेके स्थानीय महमद मफुल आलम बतवनी ।

साम्प्रदायिक सद्भाव भड्कावे खातिर कुछ तत्व सक्रिय होखेवाला भईला से सुरक्षा निकाय के चनाखो रहे खातिर निहोरा कईल बतावत महोत्तरी प्रहरी प्रमुख एसपी श्याम कुमार राई स्थानीय आ सभी समुदाय भी सचेत रहेके बतवनी ।

परिवार, पडोसी, दाजुभाई मे होखेवाला किसिम के झगडा के अनावश्यक केहु भी धर्म से जोडेके ना होखी महोत्तरी के प्रमुख जिल्ला अधिकारी शिवराम गेलाल बतवनी । आपसी भाइचारा कायम राख के सभी मे सद्भाव बाटेके आ असल नागरिक बनेके प्रयत्न करे खातिर उ सभी के निहोरा कईनी ।

महोत्तरी से सुरु भईल साम्प्रदायिक सद्भाव कायम करावेके अभियान मधेस के ८ गो जिल्ला मे संचालन होखेके पुलीस जनवले बा । पहिलका चरण मे अलग–अलग समुदाय से बईठके बतकही करेके आ दुसरका चरण मे फेनु सभी समुदाय के एके जगहा मे राखके बतकही करेके योजना रहल नेपाल प्रहरी के मधेस प्रदेश प्रमुख (डिआइजी)यज्ञ विनोद पोखरेल जानकारी देहनी । उल्था ईकान्तिपुर

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।