संसद पुनःस्थापना भईल खुसीयाली मे वीरगंज मे जसपा, नेकपा प्रचण्ड आ ओली समुह के विजय जुलुस

वीरगंज १२ फागुन
सर्वोच्च अदालत प्रतिनिधिसभा विघटन करेके सरकार के निर्णय बदर कईल खुसीयाली मे वीरगंज मे आजु जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) विजय जुलुस निकलले बा । एकरा से पहिले संसद विघटन करेके सरकार के निर्णय प्रतिगामी रहल कहत जसपा २ महिना से निरन्तर विरोध प्रदर्शन करत आईल रहे ।
मंगर के दिने सर्वोच्च अदालत संसद विघटन के निर्णय के बदर कईल खुशीयाली मे आजु जसपा विजय जुलुस निकलले बा । घण्टघार चोक से जिल्ला अध्यक्ष रामनरेशप्रसाद यादव के अगुवाइ मे सुरु भईल विजय जुलुश नगरपरिक्रमा कईले रहे । नगरपरिक्रमा के बाद घण्टाघर चोक मे कोणसभा भी कईल रहे ।
कोणसभा के सम्बोधन करत जसपा के नेता सर्वाेच्च अदालत से संविधान के रक्षा आ जनता के आवाज सुनला मे खुशी व्यक्त कतर देश मे आदमी के भी विधि के शासन बा कके बात पुष्टि भईल बतवनी ।
संसद पुस्र्थापना होखेके माग राख के वार्ड से केन्द्र तक कईल तिसरका चरण के आन्दोलन के प्रतिफलस्वरुप हि सर्वोच्च से संसद विघटन के बदर कईल उलोग के जिकिर बा ।
विजय जुलुस आ कोणसभा मे जसपा के वरिष्ठ नेता एंव सांसद लक्ष्मणलाल कर्ण, सांसद प्रदीप यादव, प्रदेशसभा सदस्य जन्नत अन्सारी, मंजुर अन्सारी, भिमा यादव, पार्टी के केन्द्रीय सदस्य मुन्नी श्रीवास्तव, रम्भा मिश्रा, वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी, जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के सभापति नेकमहमद अन्सारी, जसपा के सचिव तबरेज अहमद लगायत के सहभागी रहल रहे । आजु वीरगंज मे नेकपा के प्रचण्ड–माधव समूह भी विजय जुलुश निकलले बा ।
प्रचण्ड माधव समूह से निकालल विजय जुलुश मे केन्द्रिय सदस्य रामचन्द्र साह, जिल्ला अध्यक्ष बालगोपाल थापा, संविधासनसभा सदस्य बिचारी यादव, सचिव विजय महतो, वीरगंज नगर सचिव मनोज चौधरी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।





