धोबीनी गाँवपालिका अपने नियम कानुन के धज्जी उडा रहल, प्रशासकीय अधिकृत रौनियार कमिसन के खेल मे मस्त
वीरगंज २४ असाढ
पर्सा के धोबीनी गाँवपालिका मे गाँवपालिका से खुदे बनावल नियम कानुन के धज्जी उडावल स्थानिय आरोप लगवले बाडन । गाँवपालिका के मुख्य तथा सहायक सडकसब पातर भईला के चलते ओकरा के चौडा बनावे खातिर गाँवपालिका के बोर्ड से निर्णय कईल रहे ।
२०७५ माघ ५ गते भईल गाँवपालिका के बोर्ड मुल सडक १० मिटर, सहायक सडक २० फिट आ गाँव के सहायक सडक १३ फिट चौडा करेके निर्णय कइले रहे । उहे मुताविक गाँव के सहायक सडक १३ फिट चौडा बनावे खातिर अतिक्रमित तथा निजि घरजमिन खाली कराके सडक बनावेके काम सुरु कईल बा ।
माकिर राजनितिक सिंख सधावे खातिर गाँवपालिका के अध्यक्ष सुरेश प्रसाद कुर्मी गाँवपालिका के कार्यआदेश मे वार्ड नम्बर ४ के लंगडी मे गाँव के सहायक १३ फिट के ढलान सडक स्थानिय पुलीस के बल मे स्काभेटर लगाके भसकवले बाडन ।
गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत अशोक रौनियार सडक बनावेके कार्यादेश देहले रहलन माकिर लेनदेन के बात ना मिलला के बाद कुछे दिन मे कार्यादेश खारेज कईल समाचार स्रोत जनवले बा । रौनियार कउनो भी योजना बिना कमिशन लेहले काम करे ना देहल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन ।
अध्यक्ष कुर्मी आपन पद के दुरुपयोग करके निर्माण पुरा भईल ढलान सडक भसका के १३ फिट से ५ फिट मे पुगावल स्थानिय आरोप लगवले बाडन । माकिर राजनीतिक खिचातानी के चलते गाँवपालिका अध्यक्ष कुर्मी के निर्देशन तथा उपस्थिती मे नेपाल तथा सशस्त्र पुलीस के भी प्रयोग करके स्काभेटर से सडक भसकावल स्थानिय मोटर पटेल आरोप लगवनी । गाँवपालिका अध्यक्ष सरेश प्रसाद कुर्मी खुद सडक भसकावे के आदेश ना देहल बतवनी । दोसर के जमिन अतिक्रमण करके सडक बनईला से अदालत के आदेश मे बनावला से सडक भसकवले बा ।
अभी भसकावलल सडक भी अतिक्रमण करके जमिन धनि देवाल बनावेके काम कर रहल बाडन । देवाल भा घर बनईला पर स्थानिय तह से नक्सा पास ईजाजत लेवेके पडेला । माकिर जग्गा धनी गाँवपालिका से ईजाजत हि ना लेके सडक अक्रिमण करके देवाल बनावेके काम कर रहला पर भी गाँवपालिका मुकर्दशक बनल बारेमे सवाल कईला पर अध्यक्ष कुर्मी बोलेके ना चहनी । ई बिषय मे अब कुछो ना बोलेम अपनेलोग के जउन लागता उ लिखीं कहके बतवनी ।
सडक विवाद रहल वार्ड के वार्ड अध्यक्ष मजिद मियाँ सडक चौडा के नाम मे दोसर के घरटहरा तुरला पर भी सडक मे पडेवाला आपन घर तुरले नईखन । गाँव के सहायक सडक चौडा बनावे खातिर ३ फिट भईल जगहा मे भी घरटहरा हटाके १३ फिट चौडा कईल बा । ढलान सडक आ नाला निर्माण के प्रकृया भी शुरु भईल बा । माकिर वार्ड नम्बर ४ के अध्यक्ष मजिद मियाँ दोसर के घर तुरके सडक चौडा कईला पर भी आपन घर नईखन तुरले ।
वार्ड अध्यक्ष मियाँ सडक निर्माण मे कउनो भी जगहा मे अवरोध ना कईल दावी कइनी । मुख्य सडक से ना भईला पर भी अभी काम चलावे खातिर घर के पछाडी निचे से नाला निकास कईले बानी । उ जरुरी पडला पर आपन घर भी तुरे खातिर तइयार रहल बतवनी । गाँवसभा से स्विकृत भईल योजना मे गाँवपालिका के वार्ड नं. ४ लंगडी मे जगदिशलाल कर्ण के घर से मेनरोड मे रामनाथ के घर होत रामबालक के घर तक सडक ढलान करे खातिर गाँवपालिका प्रमुख प्रशासकिय अध्यक्ष अशोक कुमार रौनियार बन्दना कन्सट्रक्सन से सम्झौता कईले रहनी ।
माकिर लेनदेन के बातचित ना मिलला के बाद फेनु सम्झौता तुरल स्थानियवासी बतवले बाडन । सडक ढलान के काम गाँवपालिका के प्राविधिकलोग के निगरानी मे पुरा भईला पर भी अध्यक्ष फेनु काहे स्काभेटर चलवलें ? कहके सवाल सभी के सामने खडा भईल बा । गाँवपालिका अध्यक्ष कुर्मी के शैली देख के स्थानियलोग चकित भईल बाडन ।