सांसद यादवद्धरा फ्रि वाई फाई जोन के उदघाटन

वीरगंज १३ फागुन

पर्सा क्षेत्र नं. १ के प्रतिनिधिसभा सदस्य प्रदीप यादव फ्रि वाईफाई जोन के उदघाटन कईले बानी ।

पर्सा जिल्ला मे पहिलका बेर पुरा वार्ड के लक्ष्य करके जडान कईल फ्रि वाइफाई जोन के नेता यादव आजु उदघाटन करत वाईफाई सुविधि के सुरुवात कईले बानी । पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नम्बर ५ के वार्ड अध्यक्ष असलम आलम से जडान कईल फ्रि वाइफाई सिस्टम के उदघाटन करत सांसद यादव समाजिक संजाल से जिवनशैलि के परिवर्तन कईल बतवले बानी ।

उ नेट के सुविधा हरेक आदमी के खातिर अनिवार्य भईल बतावत वार्डवासी के खातिर वाइफाई सुबिधा व्यास्था कईला मे वार्ड अध्यक्ष आलम के धन्यवाद भी देहनी । कोरोना के समय मे बहुते विद्यालयसब अनलाई किलास भी संचालन कईला से एकरा से शिक्षा मे बडका टेवा पुगेके नेता यादव के कहनाम रहे ।

उनका से जडान कईल वाईफाई के फ्रि सुविधा के निरन्तता देहला के साथे समाजिक संजाल से होखेवाला बिकृती से युवा युवतीलोग के बँचावल सभी अभिभाव के दायीत्व भईला से एकरा उपर सजग रहन वार्डवासीलोग के निहोरा कइनी । उ बार्ड मे पडेवाला पचरुखि, बहुअर्वा, हरदिया आ जिंगना लगायत के टोल मे आजु से फ्रि वाईफाई सेवा संचालन मे आईल बा ।

उदघाटन कार्जक्रम मे जनता समाजवादी पार्टी के जिल्ला अध्यक्ष रामनरेश यादव, सचिव तबरेज आहमद, वार्ड अध्यक्ष असलम आलम, पार्टी के जिल्ला सदस्य अशोक यादव लगायत के नेता कार्यकर्तालो के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।