हिमानी शाह के जन्मोत्सव बीरगंज मे भी मनावल गईल

वीरगंज १५ कुवार

श्री ५ यूवराज्ञी हिमानी शाह के ४६ वाँ जन्मोत्सव आजु एक समारोह के बीच बीरगंज मे भी मनावल गईल बा ।
जन्मोत्सव के अवसर मे नेपाल राष्ट्रबाद संघ बीरगंज के घण्टाघर से निकालल जुलुस माईस्थान, आदर्शनगर, अलखियामठ, घडिअर्वा होत फेनु घण्टाघर मे पुग के कोण सभा मे परिणत भईल रहे ।

कोण सभा मे बक्तालोग राजा बिना ई देश के कउनो बिकल्प ना रहल बतावत देश के वर्तमान अवस्था के बारे मे चर्चा कईले रहलन ।

नेपाल राष्ट्रबाद संघ के केन्द्रिय अध्यक्ष जनकलाल शाह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे संगीता देवी, उमाशंकर प्रसाद, संतोष कुमार गुप्ता, राजेन्द्रपाल, हरेराम प्रसाद, अच्छेलाल साह, बजरंगबली साह लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।