पिपरा गोल्डकप वीरंगज युनाईटेड पर्सा जितल

प्रभु यादव

बारा १५ फागुन

बारा के करैयामाई गाँवपालिका वार्ड नम्बर ७ पंचगछीया खेल मैदान मे पिपरा गोल्डकप विरंगज युनाइटेड पर्सा जितल बा ।

शनिचर के शस्त्र प्रहरी बर्दिवास आ वीरंगज युनाइटेड पर्सा के बिच फाईनल खेल मे ० के बिरूद्ध १ गोल से पर्सा विजयी भईल बा । खेल मे मेन अफ द मैच वीरंगज युनाइटेड पर्सा के अच्छेलाल चौधरी वेस्ट अफ प्लेयर विवेक चौधरी प्रथम गोल करेवाला के पुरस्कार आ ईनाम सहित प्रशंसा पत्र सहित करैयामाई गाँवपालिका के अध्यक्ष भुनेश्वर चौधरी देहनी ।

फाईनल जितेवाला वीरंगज युनाइटेड पर्सा के दु लाख पाँच हजार के चेक सहित ट्रफि अध्यक्ष चौधरी देहनी । फाईनल खेल मे दुसरा होखेवाला शस्त्र प्रहरी बर्दिवास एक लाख पाँच हजार के चेक सहित प्रमाण पत्र अध्यक्ष चौधरी देहले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।