युएई के राजदूत सइद हमदन अल नकबी मिर्गौलारोगी के राहत बँटनी

वीरगंज १५ फागुन
नेशनल मेडिकल कलेज तथा शिक्षण अस्पतालद्वारा वीरगंज मे आयोजना कईल सहजोग हस्तान्तरण कार्जक्रम मे नेपाल के खातिर युएई के राजदूत सइद हमदन अल नकबी युएई के स्वस्थ्य क्षेत्र मे दक्ष जनशक्ति के कमी रहल बतवले रहनी ।
नेपाली चिकित्सक के खातिर युएई उपयुक्त गन्तव्य होखे सकेके बतावत राजदुत नकबी नेपाली चिकित्सक, नर्स तथा स्वास्थ्यकर्मी के खातिर आपन देश अवसर के रूप मे रहल बतवनी । कलेज के सभाकक्ष मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे उ २१ जने मिर्गौलारोगी के जनही २० हजार नगद आ लत्ताकपडा सहजोग कईल कलेज के एमडी बसरुदिन अंसारी बतवनी ।
नेपाल मे राजदूत होके चार बरीस के अनुभव राखल नकबी नेपाल आ युएईबीच परस्पर मित्रता के सम्बन्ध तथा व्यापार प्रवर्धन प्रगाढ होत गईल बतावत युएई सरकार नेपाल के विकास काम मे सहजोग करे खातिर तइयार रहल बतवले रहनी । नेपाली लगानीकर्तालोग के दुबई मे सूचना प्रविधि के क्षेत्र मे लगानी करे खातिर उ निहोरा कईले रहनी ।
कलेज के अध्यक्ष डा जैनुद्दीन अन्सारी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे अस्पताल के मेडिकल निर्देशक डा प्रमोद सर्राफ कलेज से सय जने मिर्गौलारोगी के डायलसिस सेवा उपलब्ध करावत आईल बतवले रहनी ।
कलेज के विद्यार्थी इशा रेग्मी से सञ्चालन कईल कार्जक्रम मे कलेज के प्रिन्सिपल कृष्णनन्दन सिंह, मेडिकल एडुकेशन निर्देशक डा एके कोशी लगायत लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।






