नेपाली शिक्षक माग करत विद्यार्थीलोग पुगलें गाँवपालिका

प्रभु यादव

बारा १६ फागुन

नेपाली बिषय पढावेवाला शिक्षक के मांग करत पढनियार लईका लईकी सब एतबार के गाँवपालिका कार्यालय मे पुगल रहलन ।

बारा के आदर्श कोतवाल गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ मे रहल श्री राम चरित्र माध्यमिक विद्यालय के पढनियार लईका लईकी सब गाँवपालिका कार्यालय मे पुगल रहलन ।

बिद्यालय मे नेपाली बिषय पढावेवाला शिक्षक ना भईला से कलास ६ से १२ तक के नेपाली बिषय के पढाइ सिखाई पूर्ण रूप से थप भईल पढनियार लईका लईकी लोग के सिकायत रहल बा ।

बहुते दिन लकडाउन वाद पढावल बुझावल सुचारु भईल बिद्यालय मे शिक्षक के अभाव होखल पढनियार सब लोग के भबिष्य से खेलवाड़ होरहल पढनियार लईकालईकी लोग के सिकायत रहल बा ।

विद्यालय मे दु हजार एक सय ७१ जने पढनियार रहल माकिर बिद्यालय मे अभी १८ जने शिक्षक पढा रहल बाडन । विद्यार्थीलोग के निहोर पत्र बुझत शिक्षा शाखा प्रमुख शिक्षक के व्यवस्थापन जल्दीही करे के असवासन देहनी ।

कुछ दिन से गाँवपालिका तीन महिना के खातिर नेपाली बिषय के म्यादि शिक्षक भर्ना के सम्बन्धी २÷२ बेर सूचना प्रकाशन कईल गईल प्रमुख जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।