प्रतिपक्ष के बजेट मे विभेद ना करेवाला प्रदेश २ मात्र बा : मुख्यमन्त्री राउत

जनकपुरधाम ३२ जेठ
प्रदेश नं. २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत प्रदेश २ मे बजेट विनियोजन कईला पर सत्तापक्ष आ प्रतिपक्ष कहके विभेद ना कईल बतवले बानी ।
उ बजेट मे सत्तापक्ष आ प्रतिपक्ष कहके विभेद ना करेवाला पहिलका प्रदेश, प्रदेश २ हि भईल दाबी कईले बानी ।
प्रदेश के आवेवाला बरीस के नीति तथा कार्जक्रम मे उठल सवालसब के जवाफ देत मुख्यमन्त्री राउत आउर प्रदेश मे प्रतिपक्षी सांसद के योजना देहला पर भी सत्ता पक्ष से कम देहल बतवनी ।
अपनेलोग के ई बात बुझी, रेकर्ड लिं, कउनो प्रदेश मे इहाँ के जईसन एके किसिम के बजेट देहल ना मिली’ कहत उ, ‘हमनी एके परिवार जईसन बानी, आउर प्रदेश से ना देहला पर भी हमनी सुरु से हि देत आईल बानी ।’ मुख्यमन्त्री राउत विदेश से आईल नागरिक के रोजगारी देहल अब के चुनौती होखेके बतवनी ।
यद्यपी मुख्यमन्त्री रोजगार कार्जक्रम सहित अनेकन कार्जक्रम मे जोड के उलोग के रोजगारी देवेके उ बतवनी ।
नीति तथा कार्जक्रम बहुमत से पारित
प्रदेश २ के आवेवाला आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ के नीति तथा कार्जक्रम बहुमत से पारित भईल बा । स
समाजवादी पार्टी आ राष्ट्रिय जनता पार्टी मात्र नीति तथा कार्जक्रम के पक्ष मे मतदान कईलें ।
नेकपा के सांसदलोग सुन्दरबहादुर विश्वकर्मा, गोविन्दबहादुर न्यौपाने, दिलिप साह, सीता गुरुङ, रुबी कर्ण एवं नेपाली कांग्रेस के नरेशकुमार यादव आ शिवचन्द्र चौधरी नीति तथा कार्जक्रम उपर दर्ता करावल संशोधन प्रस्ताव बहुमत से अस्वीकृत भईल ।
सत्तापक्ष के सांसद बाबुलाल साह दर्ता करावल संशोधन फिर्ता लेहले रहनी ।






