हुण्डी के रोपेया सहित भारतीय नागरिक पकडईलें

वीरगंज १७ फागुन
अवैध हुण्डी कारोबार मे संलग्न रहल आरोप मे वीरगंज से एक जने भारतीय नागरिक पकडाईल बाडन । भारत पूर्वी चम्पारण बिहार मोतिहारी जिल्ला सुगौली थाना रहेवाला २५ बरीस के सोनु साह पकडाईल बाडन ।
भारत के रक्सौल से नेपाल ओरी बीआर २२ एआर ३६८६ नम्बर के मोटरसाइकल चढ के आरहल अवस्था मे वीरगंज– १६ स्थित रजतजयन्ती चोक मे रोक के चेकजाँच करेके समय मे स्रोत ना खुलल रोपेया सहित उ पकडाईल बाडन ।
उनकर साथ से स्रोत खुले ना सकल नेपाली रोपेया ३ लाख १२ हजार आ भारतीय रोपेया ५ हजार २ सय रोपेया बरामद भईल पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।
उनका विरूद्ध बैंक तथा वित्तिय संस्था सम्बन्धी ऐन २०७३ विपरीत के कसुरम पर्सा जिल्ला अदालत से ५ दिन के म्याद थप करके आउर अनुसन्धान काम अगाडि बढावल गईल उ बतवनी ।






